UP Politics: ओलंपिक पदक विजेता विजेंद्र सिंह यूपी के ए हॉट सीट से लड़ीहे चुनाव, गठबंधन में कांग्रेस के खाता में आइल सीट..

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2024

Up poltics: मुक्केबाज विजेंदर सिंह के कांग्रेस मथुरा से बनाई प्रत्याशी। विजेंदर सिंह ने ओलंपिक में भारत के प्रतिनिधित्व कइले बाड़े आ पदक जीतले। हरियाणा के भिवानी के रहे वाला विजेंदर मथुरा से चुनाव लड़े

Share

Up poltics: मुक्केबाज विजेंदर सिंह के कांग्रेस मथुरा से बनाई प्रत्याशी। विजेंदर सिंह ने ओलंपिक में भारत के प्रतिनिधित्व कइले बाड़े आ पदक जीतले। हरियाणा के भिवानी के रहे वाला विजेंदर मथुरा से चुनाव लड़े खातिर उत्साहित बाड़े। शुक के उऽ अपना एक्स अकाउंट पऽ राधे-राधे लिख के एकर संकेत देले। शनिचर के उऽ फिर एक्स पऽ लिखले कि जनता जहां से चाहीं हम तइयार बानी।

फिल्म अभिनेत्री आ सांसद हेमा मालिनी के मुकाबला कांग्रेस दमदार चेहरा के रूप में अंतरराष्ट्रीय मुक्केबाज विजेंदर सिंह पऽ दांव लगाई। केंद्रीय चुनाव कमेटी  विजेंदर सिंह के मथुरा से लोकसभा चुनाव में कांग्रेस प्रत्याशी के रूप में नाम लगभग तय कर लेले बिया। आज देर रात ले एकर घोषणा हो सकत बा।

भाजपा से तीसरका बेर मैदान में हेमा मालिनी

भाजपा तीसरा बेर मथुरा से हेमा मालिनी के प्रत्याशी बनवले बिया। सपा-कांग्रेस गठबंधन से ई सीट कांग्रेस के खाता में आइल बा। अइसे में कांग्रेस हेमा मालिनी के मुकाबला में स्टार उतारे के तैयारी में बिया। मुक्केबाज विजेंदर सिंह के नाम लगभग तय कर दिहल गइल बा।

विजेंदर मथुरा से चुनाव लड़े खातिर तइयार बाड़े। शनिचर के उनका के कांग्रेस आलाकमान से हरिहर झंडो मिल गइल। कांग्रेस जिलाध्यक्ष भगवान सिंह वर्मा बतवले कि विजेंदर सिंह के नाम मथुरा से प्रत्याशी के रूप में तय कर दिहल गइल बा। शनिचर के रात भा फेर ऐतवार के उनका नाम के अधिकारी रूप से घोषणा कऽ दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.