UP News Live Update: अयोध्या में अग्निवीर भर्ती रैली, RO/ARO पेपर लीक केस में महत्वपूर्ण गिरफ्तारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

यूपी न्यूज लाइव : रामनगरी अयोध्या में सोमवार के अग्निवीर भर्ती रैली के आयोजन होई। एह बहाली रैली में 13 जिला के उम्मीदवार भाग लीहें. बहाली रैली के तइयारी पूरा हो गइल बा. यूपी के

Share

यूपी न्यूज लाइव : रामनगरी अयोध्या में सोमवार के अग्निवीर भर्ती रैली के आयोजन होई। एह बहाली रैली में 13 जिला के उम्मीदवार भाग लीहें. बहाली रैली के तइयारी पूरा हो गइल बा.

यूपी के 13 जिला के नवहियन खातिर सोमार के दिने अयोध्या में अग्निवीर बहाली रैली के आयोजन कइल जाई । एह भर्ती रैली के माध्यम से युवा लोग के सेना में रोजगार के अवसर मिली। ई रैली दू जुलाई ले चली । सैन्य अधिकारी इच्छुक युवा लोग से अपील कइले बाड़े कि कवनो दलाल के चंगुल में मत पड़ी।

आज सोमवार के अम्बेडकरनगर, अमेठी, अयोध्या, बस्ती, कौशाम्बी, कुशीनगर, महाराजगंज, प्रयागराज, रायबरेली, प्रतापगढ़, सुल्तानपुर और सिद्धार्थनगर के उम्मीदवारों को अग्निवीर बहाली में भाग लेवे के मौका मिली , एह से रैली के आयोजन भइल । दूसर ओर आरओ/एआरओ प्रारंभिक परीक्षा 2023 के पेपर आउट मामिला में महत्वपूर्ण गिरफ्तारी भइल बा। चीट से परीक्षा के कागज लीक करे वाला गिरोह के पर्दाफाश हो गइल बा । छपाई के एगो कर्मचारी समेत गिरोह के 6 सदस्य के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। पेपर 11 फरवरी 2024 के आयोजित भइल रहे। परीक्षा शुरू होखे से पहिले ही ई पेपर सोशल मीडिया पs वायरल हो चुकल रहे। भोपाल के प्रिंटिंग प्रेस के कर्मचारी सुनील रघुवंशी, बिहार के सुभाष प्रकाश, अमरजीत शर्मा, बलिया के विवेक उपाध्याय, प्रयागराज के विशाल दुबे, संदीप पांडे के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा ।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.