UGC NET Result June : एह हफ्ता 84 विषय के रिजल्ट होई जारी, संगही फाइनल आंसरो की आई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2026

एजुकेशन डेस्क। यूजीसी नेट जून 2026 के रिजल्ट के इंतजार कs रहल अभ्यर्थियन खातिर बड़ खबर बा। नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) के मोताबिक, यूजीसी नेट जून 2026 सेशन के रिजल्ट एह हफ्ता जारी कइल जा

Share

UGC NET Result June 2026

एजुकेशन डेस्क। यूजीसी नेट जून 2026 के रिजल्ट के इंतजार कs रहल अभ्यर्थियन खातिर बड़ खबर बा। नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) के मोताबिक, यूजीसी नेट जून 2026 सेशन के रिजल्ट एह हफ्ता जारी कइल जा सकेला। रिजल्ट ऑनलाइन माध्यम से आधिकारिक वेबसाइट पs जारी होई। अभ्यर्थी आपन लॉगिन डिटेल डाल के रिजल्ट देख सकी लो आ स्कोरकार्ड डाउनलोड कs सकी लो।

फिलहाल 84 विषय के रिजल्ट होई जारी

एनटीए के ओर से फिलहाल 84 विषय के रिजल्ट जारी कइल जाई। तीन विषय- अंग्रेजी, कॉमर्स आ सोशियोलॉजी के री-एग्जाम 9 आ 10 सितंबर के होखे वाला बा। एह तीनो विषय के रिजल्ट री-एग्जाम के बाद जारी कइल जाई।

 


 

अइसे चेक करीं UGC NET Result 2026

रिजल्ट जारी भइला के बाद अभ्यर्थी नीचे बतावल तरीका से आपन नतीजा देख सकी लो:

  • सबसे पहिले एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाईं।
  • होम पेज पs ‘LATEST NEWS’ सेक्शन में रिजल्ट भा स्कोरकार्ड से जुड़ल लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब आपन एप्लीकेशन नंबर, डेट ऑफ बर्थ आ कैप्चा कोड दर्ज करीं।
  • सबमिट करतही रिजल्ट स्क्रीन पs देखाई दी।
  • रिजल्ट चेक कइला के बाद स्कोरकार्ड डाउनलोड कs के सुरक्षित रख लीं।

रिजल्ट के संगे फाइनल आंसरो होई जारी

एनटीए रिजल्ट के संगे फाइनल आंसरो की जारी करी। फाइनल आंसर की के अंतिम आ सर्वमान्य मानल जाई। एकरा जारी भइला के बाद अभ्यर्थियन के आपत्ति दर्ज करावे के मवका ना मिली।

कब भइल रहे UGC NET जून 2026 परीक्षा?

यूजीसी नेट जून 2026 के परीक्षा देसभर के अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs 22, 23, 24, 25, 29 आ 30 जून आ 5 जुलाई 2026 के आयोजित भइल रहे।

एनटीए 16 अगस्त 2026 के प्रोविजनल आंसर की जारी कइले रहे। अभ्यर्थियन के 18 अगस्त तक आंसर की पs आपत्ति दर्ज करावे के मवका मिलल रहे। अब परीक्षार्थियन के फाइनल रिजल्ट आ फाइनल आंसर की के इंतजार बा।

Read Also: US Visa Appointment : अमेरिका में दुनियाभर के वीजा अपॉइंटमेंट पs रोक, भारतीय आवेदकन पs पड़ सकेला असर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.