US Visa Appointment : अमेरिका में दुनियाभर के वीजा अपॉइंटमेंट पs रोक, भारतीय आवेदकन पs पड़ सकेला असर

By Shweta Supriya

Published on: Aug 26, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका में राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के प्रशासन के ओर से इमिग्रेशन पs सख्ती के बीच दुनियाभर में अमेरिकी वीजा अपॉइंटमेंट के शेड्यूल में बदलाव कइल जा रहल बा। अमेरिकी बिदेस विभाग के मोताबिक,

Share

US Visa Appointment Changes for Indian Applicants

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका में राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के प्रशासन के ओर से इमिग्रेशन पs सख्ती के बीच दुनियाभर में अमेरिकी वीजा अपॉइंटमेंट के शेड्यूल में बदलाव कइल जा रहल बा। अमेरिकी बिदेस विभाग के मोताबिक, दुनिया भर के अमेरिकी दूतावास आ वाणिज्य दूतावास में काउंसलर अधिकारियन खातिर एगो ग्लोबल ट्रेनिंग प्रोग्राम सुरू कइल गइल बा।

एह ट्रेनिंग के चलते कइयन गो वीजा अपॉइंटमेंट के समय में बदलाव हो सकेला। हालांकि, अमेरिकी बिदेस विभाग ई साफ नइखे कइले कि अपॉइंटमेंट पs बदलाव के प्रक्रिया कब तक चली आ नया तारीख कब जारी होई। एह फैसला के असर भारतीय वीजा आवेदकन पs पड़ सकेला।

वीजा आवेदकन के मिल रहल बा ईमेल

रिपोर्ट के मोताबिक, जवन लोग अमेरिकी दूतावास भा वाणिज्य दूतावास में इमिग्रेंट वीजा इंटरव्यू खातिर अपॉइंटमेंट लेले रहे, ओह लोग के ईमेल भेजल गइल बा। ईमेल में बतावल गइल बा कि ओह लोगन के अपॉइंटमेंट के समय में बदलाव हो रहल बा आ नया तारीख के जानकारी बाद में दिहल जाई।

अमेरिकी बिदेस विभाग के कहनाम बा कि ट्रेनिंग प्रोग्राम के मकसद काउंसलर अधिकारियन के वीजा आवेदकन के व्यापक आ एक समान तरीका से जांच करे खातिर तइयार कइल बा।

ट्रंप प्रशासन के इमिग्रेशन पs सख्ती

ई घटनाक्रम अइसन समय में सामने आइल बा जब ट्रंप प्रशासन अमेरिका में इमिग्रेशन नियम के सख्त बनावे पs जोर दे रहल बा। प्रशासन के ओर से वीजा आ ग्रीन कार्ड रद्द कइला के संगे-संगे अलग-अलग आधार पs आवेदन खारिज करे के कार्रवायो कइल जा रहल बा। सरकार के तर्क बा कि एह तरे के सख्ती से देस के सुरक्षा मजबूत करे में मदद मिली।

इमिग्रेशन नीति पs कानूनी चुनौती

ट्रंप प्रशासन के इमिग्रेशन नीतियन के कानूनी चुनौती मिल रहल बा। हाले में एगो अमेरिकी जज 75 देसन के आवेदकन खातिर इमिग्रेंट वीजा जारी करे पs लगावल रोक के रद्द कs देलें। जज के मोताबिक, ई फैसला बिदेस मंत्री मार्को रुबियो के कानूनी अधिकार क्षेत्र से बाहर रहे।

हजारन आवेदकन पs बढ़ सकेला दबाव

रिपोर्ट के मोताबिक, अमेरिकी प्रशासन ओह बिदेसी नागरिकन के बिजनेस आ टूरिज्म वीजा रद्द करे पs विचार कs रहल बा, जे अमेरिका में शरण खातिर आवेदन कs चुकल बा भा शरण के कोसिस में बाड।

एह प्रस्ताव में B1 आ B2 वीजा भी सामिल हो सकेला। B1 वीजा आमतौर पs बिजनेस यात्रा खातिर आ B2 वीजा पर्यटन, परिवार से मिले भा इलाज खातिर जारी कइल जाला।

आवे वाला हफ्तन में अमेरिकी बिदेश विभाग एह संबंध में आउर जानकारी जारी कs सकेला। फिलहाल वीजा आवेदकन के सलाह बा कि ऊ लोग अपना ईमेल आ अमेरिकी दूतावास से मिलल आधिकारिक सूचना पs नजर बनवले रखे।

Read Also: UP News : बुजुर्ग माई-बाप पs जुलुम करे वाला संतान अब संपत्ति से होई बेदखल, जोगी सरकार के बड़ फैसला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.