H1B Visa : ट्रंप के वजह से कइयन गाे भारतीयन के नौकरी पs संकट, अमेरिका जाये में आ रहल बा दिक्कत

By Shweta Supriya

Published on: Dec 23, 2025

नई दिल्ली। भारत में अमेरिकी दूतावास सोमार के जानकारी देलस कि 15 दिसंबर से अमेरिका एच-1बी आ एच-4 वीजा खातिर मानक जांच प्रक्रिया के तहत ऑनलाइन प्रेजेंस रिव्यू के दायरा बढ़ा देले बा। ई जांच

Share

डोनाल्ड ट्रंप

नई दिल्ली। भारत में अमेरिकी दूतावास सोमार के जानकारी देलस कि 15 दिसंबर से अमेरिका एच-1बी आ एच-4 वीजा खातिर मानक जांच प्रक्रिया के तहत ऑनलाइन प्रेजेंस रिव्यू के दायरा बढ़ा देले बा। ई जांच अब दुनियाभर में सब देस आ सब आवेदकन पs लागू कइल जा रहल बा।

दूतावास के ई छोट बयान अइसन समय में आइल बा, जब भारत में एह महीना के आखिर में होखे वाला हजारन एच-1बी वीजा आवेदकन के पहिले से तय इंटरव्यू अचानक कइयन महीना खातिर टाल दिहल गइल बा। अमेरिकी नागरिकता आ आव्रजन सेवा के एह साल के रिपोर्ट के अनुसार, एच-1बी वीजा होल्डरन में 71 प्रतिशत भारतीय बा लोग।

अमेरिकी दूतावास का कहलस?

एच-1बी वीजा के इस्तेमाल अमेरिकी टेक्नोलॉजी कंपनी बिदेसी पेशेवरन के नौकरी देवे खातिर करेली सs, जवना में भारतीय प्रोफेशनलन के संख्या सबसे जादे बा। अमेरिकी सरकार एच-1बी वीजा प्रोग्राम के दुरुपयोग आ अवैध प्रवासन रोके खातिर कइयन गो डेग उठवले बा।

अमेरिकी दूतावास के कहनाम बा कि ई डेग एच-1बी प्रोग्राम के गलत इस्तेमाल रोके के कोसिस हs आ संगही कंपनियन के सबसे बढ़िया अस्थायी बिदेसी कामगार रखे के मौका देला। आवेदकन के सलाह दिहल गइल बा कि जल्दी से आवेदन करे लोग, काहेकि प्रक्रिया में सामान्य से जादे समय लाग सकेला।

भारत लवटल वीजा होल्डर फंसल लाेग

एह महीना के सुरुआत में बहुते एच-1बी वीजा होल्डर वर्क परमिट रिन्यू करावे खातिर भारत आइल रहे लोग। बाकिर अमेरिकी बिदेस मंत्रालय के एह फैसला से अब ओह लोगन के अप्वाइंटमेंट अगिला साल मार्च तक टाल दिहल गइल बा। एकरा चलते ऊ लोग अब अमेरिका वापस नइखे जा पा रहल, काहेकि नौकरी पs लवटे खातिर ओह लोगन के लगे वैध एच-1बी वीजा नइखे। माने, ऊ लोग भारते में फंस गइल बा।

उदाहरण खातिर, जेकर इंटरव्यू 15 दिसंबर के तय रहे, ओकरा ई-मेल आइल कि तारीख मार्च में कवनो समय खातिर बढ़ा दिहल गइल बा। एतना तक कि जवना के आवेदकन के अप्वाइंटमेंट 19 दिसंबर के रहे, ओकरा के नया तारीख मई के आखिर में दिहल गइल बा। एह इस्थिति से एह भारतीय प्रोफेशनलन के सामने नौकरी के बड़ संकट खड़ा हो गइल बा। विशेषज्ञन के चिंता बा कि जवना कंपनियन में ई लोग काम कs रहल बा, ऊ लोग ओह लोगन के लवटला के कितना दिन तक इंतजार करी।

Read Also : Delhi AQI : दिल्ली-NCR में प्रदूषण के कहर जारी, कइयन इलाकन में AQI 400 के पार; कब सुधरी हवा?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.