Delhi AQI : दिल्ली-NCR में प्रदूषण के कहर जारी, कइयन इलाकन में AQI 400 के पार; कब सुधरी हवा?

By Shweta Supriya

Published on: Dec 23, 2025

नई दिल्ली। राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली सहित पूरा एनसीआर मंगर के (23 दिसंबर) के सबेरे जहरीली हवा के चपेट में रहल। शहर में कोहरा आ स्मॉग के मोट चादर छाइल रहे, जवना से विजिबिलिटी बहुते कम

Share

Dense smog and severe air pollution in Delhi NCR with AQI above 400

नई दिल्ली। राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली सहित पूरा एनसीआर मंगर के (23 दिसंबर) के सबेरे जहरीली हवा के चपेट में रहल। शहर में कोहरा आ स्मॉग के मोट चादर छाइल रहे, जवना से विजिबिलिटी बहुते कम हो गइल। कम विजिबिलिटी के चलते पिछिला कइयन दिन से दिल्ली एयरपोर्ट से उड़ानन पs असर पड़ रहल बा। शहर भर में घना कोहरा आ स्मॉग के कारण रोज कइयन गो फ्लाइट रद हो रहल बाड़ी सs भा देरी से उड़ रहल बाड़ी सs।

एयर क्वालिटी मैनेजमेंट कमीशन (CAQM) एनसीआर में ग्रेडेड रिस्पॉन्स एक्शन प्लान (GRAP) स्टेज-IV के तहत सब उपाय लागू कs देले बा, बाकिर एकरा बादो हवा के हालत दमघोंटू बनल बा। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (CPCB) के मोताबिक, दिल्ली के AQI में हल्का सुधार तs भइल बा, बाकिर हालत अभियो ‘बहुते खराब’ श्रेणी में बा।

सीपीसीबी के आंकड़ा अनुसार, मंगर के सबेरे सात बजे दिल्ली के औसत AQI करीब 390 रिकॉर्ड कइल गइल बा। राजधानी के कई इलाकन में AQI 400 के पार पहुंच गइल बा।

  • श्रीनिवासपुरी में AQI 438
  • मुंडका में 422
  • नोएडा सेक्टर-1 में 403

ओहिजा, एनसीआर के आउर शहरन के हालतो खराब रहल। गुरुग्राम सेक्टर-51 में AQI 386 तs गाजियाबाद के वसुंधरा इलाका में 374 AQI दर्ज कइल गइल।

मंगर के सबेरे 7 बजे दिल्ली-NCR के कुछ प्रमुख इलाकन के AQI

  • श्रीनिवासपुरी-438
  • मुंडका-422
  • सेक्टर-1, नोएडा-403
  • आनंद विहार-397
  • ओखला-396
  • सिरिफोर्ट-392
  • गुरुग्राम सेक्टर-51-386
  • आया नगर-382
  • आरके पुरम-376
  • वसुंधरा (गाजियाबाद)-374

Read Also: UP Road Accident : कोहरा के कहर! लखनऊ-वाराणसी हाईवे पs कइयन गो वाहन टकराइल, 2 लोगन के मौत;10 घायल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.