Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोपालगंज(Gopalganj)- पूर्वोतर रेलवे के थावे-छपरा(Thave-Chapra) रेलखंड पs अब एतवारो के चली दु जोड़ी ट्रेन

वाराणसी मंडल यात्रियन के धेयान राखत लेलस फसिला....

322

गोपालगंज- पूर्वोतर रेलवे के थावे-छपरा रेलखंड पs अब एतवारो के दु जोड़ी ट्रेन चली। वाराणसी मंडल यात्रियन के धेयान में राखत एह डेग के बढ़वले बा।

 

स्टेशन अधीक्षक अनिल कुमार सिंह बतवनी, पहिले कवनों सवारी गाड़ी एतवार के छपरा रेलखंड पs ना चलत रहे। उहां के बतवनी अब दु जोड़ी सवारी गाड़ी हर एतवार के चली। एह दिन छपरा कचहरी-थावे सवारी गाड़ी संख्या 05122 छपरा कचहरी में भोरे 5 बजके 40 मिनट पs  खुली आ गोपालगंज 8:58 मिनट पs आ थावे जनसन 9:20 मिनट पs पहुंची।  ओहिजा थावे-छपरा कचहरी गाड़ी संख्या 05121 थावे जनसन से भोरे 9:45 पs खुली आ गोपलगंज 9:50 बजे आ छपरा कचहरी दिन के 1:20 मिनट पs पहुंची।

 

दुसरका ओरि छपरा-कचहरी-थावे सवारी गाड़ी संख्या 05124 छपरा कचहरी से दिन में 2:10 मिनट पs खुली। सांझी खा गोपलगंज 5:19 मिनट आ थावे जनसन पs 5:45 मिनट पs पहुंची। साँझ के 6:20 मिनट पs थावे से खुली आ गोपालगंज 6:26 बजे आ छपरा कचहरी रात के 10 बजे पहुंची। एह गाड़ी में सामान्य दुसरका स्तर के आठ गो कोच आ एसएलआर/दी के दु गो कोच संगे 10 गो कोच लगावल जाई। 13 फरवरी से ई ट्रेन चले लागल बिया।

साभार- आवाज़ टाइम्स , अनुवाद टीम खबर भोजपुरी 

215380cookie-checkगोपालगंज(Gopalganj)- पूर्वोतर रेलवे के थावे-छपरा(Thave-Chapra) रेलखंड पs अब एतवारो के चली दु जोड़ी ट्रेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.