Delhi News : दिल्ली में लॉरेंस बिश्नोई गैंग के तीन शूटर गिरफ्तार, बड़ वारदात करे के साजिश भइल नाकाम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2026

दिल्ली। बाहरी दिल्ली के रोहिणी जिला स्पेशल स्टाफ टीम बड़ कार्रवाई करत लॉरेंस बिश्नोई गैंग से जुड़ल तीन गो शूटरन के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार अपराधियन में से दूगो उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला के

Share

Delhi Police Arrest Three Lawrence Bishnoi Gang Shooters

दिल्ली। बाहरी दिल्ली के रोहिणी जिला स्पेशल स्टाफ टीम बड़ कार्रवाई करत लॉरेंस बिश्नोई गैंग से जुड़ल तीन गो शूटरन के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार अपराधियन में से दूगो उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला के रहेवाला बाड़ें सs, जबकि एगो दिल्ली के निवासी बा।

पुलिस के मोताबिक, ई तीनो शूटर दिल्ली में एगो बड़ आपराधिक वारदात करे के तइयारी में लागल रहे। जांच में पता चलल कि ऊ लोग टारगेट किलिंग के साजिश रचत रहे। बाकिर ओही बीच रोहिणी जिला पुलिस के एकनी के गतिविधियन के बारे में गोपनीय सूचना मिल गइल, जवना के बाद पुलिस फौरन कार्रवाई करत तीनो के धर दबोचलस।

खुफिया सूचना के आधार पs भइल कार्रवाई

पुलिस के दावा बा कि शूटरन के गतिविधि के बारे में पहिले से खुफिया जानकारी मिलल रहे। एह सूचना के आधार पs स्पेशल स्टाफ एकनी के मूवमेंट पs नजर रखलस। लगातार निगरानी आ तकनीकी जांच के मदद से पुलिस तीनो आरोपियन तक पहुंचल आ सफलतापूर्वक गिरफ्तार कs लेलस।

कइयन गो संगीन ममिला में रहले सs वांटेड

पुलिस के अनुसार, गिरफ्तार शूटरन के बिदेस में बइठल गैंग के नेटवर्क से लगातार निरदेस मिलत रहे। ओह लोगन के बतावल गइल रहे कि दिल्ली में बड़ वारदात के अंजाम देवे के बा। पुलिस के कहनाम बा कि ई तीनो दिल्ली में भइल कइयन गो आपराधिक घटनन में वांटेड रहले सs।

जांच में इहो बातो सामने आइल बा कि गिरफ्तार अपराधी पहिले से हत्या, फायरिंग आ दोसर कइयन गो गंभीर अपराधन में सामिल रह चुकल बाड़ें। पुलिस अब एकनी से पूछताछ कs के गैंग के पूरा नेटवर्क आ संभावित साजिश के बारे में जानकारी जुटावे में लागल बिया।

Read Also: Indian Cricket Team : इंग्लैंड से सीरीज हरला के बाद भारत टी20 रैंकिंग में नंबर-1 के ताज गंववलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.