छपरा के शहरी क्षेत्र में सबेरे 10 बजे से लेके तीन घंटा रही पावर कट, मरम्मती के होई काम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

छपरा के शहरी क्षेत्र में आज दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। मानसून के बरखा बीच बिजली विभाग पावर कट कs के मरम्मती के काम करी। प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में आज दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। मानसून के बरखा बीच बिजली विभाग पावर कट कs के मरम्मती के काम करी। प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दुनो फीडर में पावर कट होखे के बा। ऐसे छपरा शहर के उत्तरी हिस्सा में पावर कट रही।

बिजली विभाग सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक बिजली बाधित कइल जाये के सूचना जारी कइले बा। एकरा पहिले बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। काम खतम होखला के बाद दोबारा एक बजे बिजली बहाल कs दिहल जाई।

बरखा के मौसम में बिजली पs लोड

पावर कट के बारे में जानकारी देत कनीय अभियंता बतवलें कि बरसात के मौसम के चलते बिजली पs लोड पड़ रहल बा। जवना के लेके पावर ट्रिप के समस्या पेश आ रहल बा। पावर ट्रिप के समस्या के लेके पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल का रहल बा।

प्रभुनाथ नगर पीएसएस से संचालित होखे वाला साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में पावर कट कइल गइल बा। एह दौरान तार ट्रांसफार्मर आ जंपर के रिपेयरिंग होखे के बा। काम खत्म होखला के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान भइल परेसानी खातिर बिजली विभाग क्षमा प्रार्थी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.