जम्मू-कश्मीर के पुंछ में आतंकवादियन के ठिकाना के भंडाफोड़

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2025

जम्मू कश्मीर के पुंछ जिला में सुरक्षा बल आतंकी ठिकाना के भंडाफोड़ कइले बा. जिला के सुरनकोट सेक्टर के हरि मारोटे गाँव में सुरक्षा बल के ई आतंकी ठिकाना मिलल बा. अतवार के देर रात

Share

जम्मू-कश्मीर

जम्मू कश्मीर के पुंछ जिला में सुरक्षा बल आतंकी ठिकाना के भंडाफोड़ कइले बा. जिला के सुरनकोट सेक्टर के हरि मारोटे गाँव में सुरक्षा बल के ई आतंकी ठिकाना मिलल बा. अतवार के देर रात सेना, पुलिस आ एसओजी समेत सुरक्षा बल के संयुक्त तलाशी अभियान के दौरान एह आतंकी लुकाइल जगह के पता चलल जहाँ से पाँच गो आईईडी, वायरलेस सेट आ कुछ कपड़ा बरामद भइल बा.

फॉक्स होल भंडाफोड़ हो गईल


भारतीय सेना के राष्ट्रीय राइफल्स (आरआर), पैरा कमांडो यूनिट आ जम्मू कश्मीर पुलिस के संयुक्त रूप से कइल गइल गहन तलाशी अभियान का दौरान पाकिस्तानी आतंकियन के एगो परिष्कृत ‘फॉक्स होल’ के भंडाफोड़ कर लिहल गइल जवना में 30 अप्रैल के गोलीबारी भइल रहे.एह ‘फॉक्स होल’ के संरचना आ ओकरा में छिपल संसाधन सुरक्षा एजेंसियन के भी झकझोर दिहले रहुवे. एह भूमिगत गड्ढा में जवन करीब छह फीट गहिराह आ आठ फीट चौड़ा रहे, आतंकी लंबा समय तक लुकाए के इंतजाम कईले रहले। इहाँ आतंकी के लगे गैस सिलेंडर, सोलर लाइट, हथियार अवुरी बाकी जरूरी सामान छिपल रहे।

लश्कर से जुड़ल ओवर ग्राउंड वर्कर्स के मॉड्यूल भंडाफोड़

एकरा से पहिले बांदीपोरा पुलिस आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैबा (एलईटी) से जुड़ल ओवर ग्राउंड वर्कर्स (ओजीडब्ल्यू) के एगो मॉड्यूल के भंडाफोड़ कs के चार संदिग्ध के गिरफ्तार कs लेले रहे। पुलिस के खुफिया जानकारी मिलल रहे कि लेट के कुछ ओजीडब्ल्यू अपना पाकिस्तानी हैंडलर के निर्देश पs पुलिस, सुरक्षा बल अवुरी बाहरी नागरिक के निशाना बनावे के साजिश रचतारे। एs जानकारी के आधार पs बांदीपोरा पुलिस इलाका में विशेष नाका लगा के तलाशी अभियान शुरू कईलस। एही क्रम में पुलिस, डी-कोय 45 बटालियन सीआरपीएफ अवुरी 13 आरआर के ई-कॉय मिल के कनिपोरा नायडखाई सुम्बल इलाका में चेक पोस्ट बनवले। जांच के दौरान दु संदिग्ध – मोहम्मद रफीक खंडे अवुरी मुख्तार अहमद दार – के गिरफ्तार कs लिहल गईल। एह लोग के तलाशी में दू गो चीनी हैंड ग्रेनेड, एगो 7.62 मिमी मैगजीन आ 7.62 मिमी के 30 राउंड जिंदा कारतूस बरामद भइल बा. एs संबंध में थाना सुम्बल में यूएपीए के संबंधित धारा के तहत प्राथमिकी संख्या 88/2025 दर्ज कs जांच शुरू कs दिहल गईल बा।

इहो पढ़ीं: रायगढ़ में बड़ हादसा, बेकाबू होके पलटल बस, यात्रा कs रहल 35 यात्री  घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.