रायगढ़ में बड़ हादसा, बेकाबू होके पलटल बस, यात्रा कs रहल 35 यात्री  घायल

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2025

महाराष्ट्र के रायगड जिला के कर्नाला में अतवार के रात एगो निजी बस पलटला से नाहियो त 35 यात्री घवाहिल हो गइले. राहत के बात ई बा कि एह हादसा में कवनो आदमी के जान

Share

रायगढ़ में हादसा

महाराष्ट्र के रायगड जिला के कर्नाला में अतवार के रात एगो निजी बस पलटला से नाहियो त 35 यात्री घवाहिल हो गइले. राहत के बात ई बा कि एह हादसा में कवनो आदमी के जान नइखे गँवावल. कर्नाला इलाका के घटना के बाद बस बेकाबू होके पलट गईल। दुर्घटना के जानकारी मिलते स्थानीय पुलिस अवुरी बचाव दल मौका पs पहुंचल अवुरी घायल के तुरंत नजदीकी अस्पताल पहुंचावल गईल।

राजस्थान के जयपुर के बस्सी इलाका में अतवार के सबेरे भइल सड़क दुर्घटना में दू गो लइकी छात्रा समेत तीन लोग के मउत हो गइल. बस्सी थाना के सहायक उपनिरीक्षक तोताराम बतवले कि बस्सी के एगो क्रासिंग पs डंपर बाइक से टकरा के घटना भईल। बाइक सवार दू लईकी अवुरी एगो लाइका के मउत हो गईल। मरेवाला लोग के पहचान प्रिया (22), खुशी (21), अवुरी खुशीराम के रूप में भईल बा।

लईकी कोचिंग खातीर जात रहली अवुरी बाइकर से लिफ्ट लेले रहली, एही बीच तिराहा पुल‍िया के नजदीक डंपर गाड़ी से टकरा गईल। घटना के बाद डंपर ड्राइवर मौका से फरार हो गईल। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया 

दू जने के मउत हो गइल, आठ जने घवाहिल

एकरा से पहिले राजस्थान के सीकर जिला के रींगस कस्बा में सड़क दुर्घटना में दु लोग के मउत हो गईल अवुरी 8 लोग घाही हो गईले। हादसा शुक के रात के करीब एक बजे एगो जीप ऑटो रिक्शा से टकरा गईल। ऑटो रिक्शा में सफर करे वाला लोग खाटू श्यामजी मंदिर जात रहे। पुलिस के कहनाम बा कि, दिल्ली के ऑटोरिक्शा चालक नरेंद्र (35) अवुरी एगो महिला (60) के मउका पs मउत हो गईल, जबकि 8 जने घाही हो गईले। दुर्घटना के बाद जीप चालक फरार हो गईल। घाही में से पांच लोग मध्य प्रदेश के हवे। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.