एकही कमरा में मल्टीपल डिवाइस के साथे वर्चुअल मीटिंग लिहल भइल अब आसान, Google Meet में जुड़ल एगो तगड़ा फीचर

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2024

गूगल अपना मीट (Google Meet) यूजर्स खातिर अडैप्टिव ऑडियो (Adaptive audio Feature) नांव से एगो नया फीचर पेश कइले बा। दरअसल एह फीचर से पहिले गूगल मीट के साथे एकही कमरा में मल्टीपल लैपटॉप आ

Share

गूगल अपना मीट (Google Meet) यूजर्स खातिर अडैप्टिव ऑडियो (Adaptive audio Feature) नांव से एगो नया फीचर पेश कइले बा। दरअसल एह फीचर से पहिले गूगल मीट के साथे एकही कमरा में मल्टीपल लैपटॉप आ डिवाइस के इस्तेमाल करे के साथे ऑडियो से जुड़ल परेशानी आवत रहे। अडैप्टिव ऑडियो फीचर के साथे साउंड इको आ मल्टीपल डिवाइस के साथे फीडबैक देवे के लेके परेशानी ना आई।

अडैप्टिव ऑडियो फीचर का हऽ

अडैप्टिव ऑडियो फीचर (Adaptive audio Feature) के साथे ऑडियो स्ट्रीम्स के स्मार्ट तरीका से मैनेज कइल जा सकी। गूगल मीट एकही लोकेशन पs मल्टीपल डिवाइस होखे के साथे ई ऑटो डिटेक्ट कऽ लिही।

एकरा बाद गूगल मीट पs सेम लोकेशन वाला डिवाइस के माइक्रोफोन आ सिंक्रोनाइज हो जाई। अइसन होखला के साथही सेम लोकेशन में होखला के बावजूद एह डिवाइस में इको-फ्री ऑडियो के सुविधा मिली।

फीचर के मदद से यूजर के काम होई आसान

एह नया फीचर के साथे कॉन्फ्ररेंस रूम भा मल्टीपल लैपटॉप इस्तेमाल होखे वाली स्पेस से मीट के आसानी से इस्तेमाल कइल जा सकी।

अडैप्टिव ऑडियो फीचर (Adaptive audio Feature) के साथे ऑप्टिमल ऑडियो पिकअप खातिर सिंगल लैपटॉप के साथे भीड़ लगावे के जरूरतो खत्म हो जाई।

अडैप्टिव ऑडियो फीचर कइसे होई इनेबल

दरअसल, अडैप्टिव ऑडियो फीचर (Adaptive audio Feature) एकही लोकेशन के साथे मल्टीपल डिवाइस होखे के ऑटो -डिटेक्ट करेला। एह फीचर के मैन्युअली इनेबल करे के जरूरत ना होई।

जइसही गूगल मीट एकरा के डिटेक्ट कऽ लिही यूजर के उनकी स्क्रीन पs एगो नोटिफिकेशन लउके लागी। यूजर के लैपटॉप स्क्रीन पs “Merged audio” एक्टिव होखे के जानकारी मिली।

बढ़िया के बात ई बा कि यूजर चाहस तऽ एह फीचर के डिसेबलो कर सकत बाड़े। बता दी, ई फीचर फिलहाल Gemini Enterprise, Gemini Business, Gemini Education, Gemini Education Premium plans के साथे Google Workspace कस्टमर खातिर रोलआउट कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.