मउत के चंद घंटा पहिले अहमदाबाद प्लेन क्रैश पs जतवले दुख, फेर अचानक आइल हर्ट अटैक, इs रहल संजय कपूर के आखिरी पोस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 13, 2025

देश के जानल मानल व्यापारी आ अभिनेत्री करिश्मा कपूर के पूर्व पति संजय कपूर के काल्हु निधन हो गइल. बियफ़ें के सांझ संजय कपूर इंग्लैंड के गार्ड्स पोलो क्लब में पोलो खेले गईल रहले। इहाँ

Share

देश के जानल मानल व्यापारी आ अभिनेत्री करिश्मा कपूर के पूर्व पति संजय कपूर के काल्हु निधन हो गइल. बियफ़ें के सांझ संजय कपूर इंग्लैंड के गार्ड्स पोलो क्लब में पोलो खेले गईल रहले। इहाँ उनुका अचानक दिल के दौरा पड़ गईल अवुरी उनुकर मउत हो गईल। मउत से महज कुछ घंटा पहिले संजय कपूर अहमदाबाद के विमान दुर्घटना मामला में 241 लोग के मौत प दुख जतवले रहले। संजय कपूर ए मामला के लेके एगो पोस्ट पोस्ट कईले रहले अवुरी इ पोस्ट उनुका जीवन के आखिरी पोस्ट रहे। एs पोस्ट में संजय कपूर लिखले रहले कि अहमदाबाद में एयर इंडिया के विमान दुर्घटना के खबर बहुत दुखद बा। हमार संवेदना आ दुआ सभे प्रभावित परिवार के साथे बा। भगवान एह कठिन समय में ओह लोग के ताकत देस.’

संजय कपूर सोना कॉमस्टार के चेयरमैन रहले

बता दीं कि संजय कपूर देश के जानल मानल व्यापारी रहले अवुरी पहिले ऑटोमोबाइल के कारोबार करत रहले। सोना कॉमस्टार नाम के एगो ऑटोमोबाइल कंपनी के गैर कार्यकारी अध्यक्ष भी रहले। संजय देश के बड़ उद्योगपति डॉ. सुरिंदर कपूर के बेटा रहले अवुरी कंपनी के विस्तार देवे में अहम भूमिका निभवले रहले। संजय ऑटोमोटिव कंपोनेंट मैन्युफैक्चरर्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया (एसीएमए) के अध्यक्ष भी रहले। संजय अवुरी करिश्मा के बियाह 2003 में भईल अवुरी साल 2005 में समैरा के जन्म भईल, दुनो लोग के बेटा किआन के जन्म 2011 में भईल रहे अवुरी 2014 में आपसी सहमति से अलगाव के अर्जी देले रहले। दुनो लोग के बीच तलाक के लड़ाई काफी भयंकर रहे, जवना के 2016 में अंतिम रूप दिहल गईल, साल 2023 में करिश्मा अवुरी संजय के डिनर आउटिंग पs देखल गईल। संजय के फिलहाल प्रिया सचदेव से बियाह भईल रहे। उनुका के साल 2023 में मुंबई के एगो रेस्टोरेंट में अपना पूर्व पत्नी करिश्मा के संगे देखल गईल रहे, दुनो लोग के रेस्टोरेंट से बाहर निकले के वीडियो वायरल भईल।

तलाक के बाद झगड़ा हो गईल

करिश्मा कपूर अवुरी संजय कपूर के बियाह के कुछ साल बाद दुनो लोग के बीच बहुत मतभेद भईल। दु बच्चा के बाद दुनो लोग के बीच झगड़ा भईल अवुरी कुछ साल बाद दुनो लोग तलाक के फैसला कईले। एतने ना, दुनो लोग के बीच तलाक के लेके बहुत झगड़ा भईल। करिश्मा कपूर संजय पs भी बहुत गंभीर आरोप लगवले। दुनु जने के तलाक बहुते सुर्खी बनत रहुवे. करिश्मा कपूर के पिता भी एगो साक्षात्कार में एह बारे में बतवले। हालांकि दुनो लोग के इ सभ झगड़ा साल 2023 में सुलझत देखाई देलस जब दुनो लोग एक संगे रात के खाना खाए निकलल रहले। जेकर वीडियो आ फोटो भी बहुत वायरल भइल।

इहो पढ़ीं: पटना: वाहन चेंकिंग करत रहे पुलिसकर्मी, तबे तेज रफ्तार कार  मरलस टक्कर, 1 के मउत, कैमरा में कैद भइल दर्दनाक घटना

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.