प्रयागराज में भीषण सड़क हादसा, बस आ बोलेरो के टक्कर, 10 लोगन के मउत, 19 गो लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2025

देर रात प्रयागराज में एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल.  मिर्जापुर राजमार्ग पss बस अवुरी बोलेरो के टक्कर में 10 लोग के मउत हो गईल जबकि 19 लोग घाही हो गईले।  सूचना मिलते पुलिस मौका

Share

प्रयागराज में भीषण सड़क हादसा

देर रात प्रयागराज में एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल.  मिर्जापुर राजमार्ग पss बस अवुरी बोलेरो के टक्कर में 10 लोग के मउत हो गईल जबकि 19 लोग घाही हो गईले।  सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंच गईल। पुलिस लाश के हिरासत में लेले बिया। संगही घायल लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।  बतावल जाता कि बोलेरो में सफर करेवाला सभ 10 भक्त संगम स्नान खातीर मेला क्षेत्र में जात रहले।  एही बीच उनुकर बोलेरो के दुर्घटना हो गईल।

प्रयागराज-मिर्जापुर राजमार्ग पs दुर्घटना

जानकारी के मुताबिक मेजा में प्रयागराज-मिर्जापुर हाईवे पs शुक के देर रात भईल इs भयानक सड़क दुर्घटना।  दुर्घटना में 10 श्रद्धालु के मउत हो गईल।  एगो बोलेरो अवुरी भक्त से भरल बस के बीच आमने-सामने के टक्कर भईल। एs दुर्घटना में बोलेरो पs सफर करेवाला सभ 10 श्रद्धालु के मौका पs मउत हो गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

संगम स्नान खातिर मेला क्षेत्र में श्रद्धालु आवत रहले

बोलेरो में यात्रा करे वाला सभे भक्त छत्तीसगढ़ के कोरबा जिला के निवासी रहले। ई लोग मेला इलाका में संगम स्नान खातिर आवत रहे।  जानकारी के मुताबिक मरेवाला सभ लोग के उमर 25 से 45 साल के बीच बा अवुरी सभ पुरुष बाड़े। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

एकरा संगे संगम स्नान के बाद वाराणसी जाए वाला बस में सवार 19 श्रद्धालु भी एs दुर्घटना में घाही हो गईले।  सभे घाही के सीएचसी रामनगर में भर्ती करावल गईल बा।  बस में सफर करे वाला सभे भक्त मध्य प्रदेश के राजगढ़ जिला के निवासी हवे।  मुख्यमंत्री आदित्यनाथ एह दुखद दुर्घटना एs गहरा दुख जतवले बाड़न.

श्रद्धालुअन से भरल कार में लागल आग

प्रयागराज महाकुंभ में भक्तन से भरल कार में आग लाग गइल।  कुछ ही देर में इs गाड़ी जर के राख हो गईल।  जानकारी के मुताबिक इs दुर्घटना दुपहरिया के करीब 2:15 बजे शास्त्री पुल के प्रवेश द्वार के नजदीक भईल।  राहत के बात बा कि गाड़ी में बईठल सभ भक्त के सुरक्षित बचा लिहल गईल।  फायर ब्रिगेड के टीम मौका पs पहुंच के आग पs काबू कs लिहलस ।  कार में आग लगला के चलते कवनो जान के नुकसान ना भईल।  कार के नंबर प्लेट पs लखनऊ नंबर UP32 KN 8991 लिखल बा।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.