नई दिल्ली। भारतीय जनसंघ के संस्थापक आ प्रखर राष्ट्रवादी विचारक डॉ. श्यामा प्रसाद मुखर्जी के 125वीं जयंती पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह श्रद्धांजलि अर्पित कइल लोग। एह मवका पs पीएम मोदी कहलें कि डॉ. मुखर्जी देस खातिर कइयन गाे क्षेत्रन में अमूल्य जोगदान देलें, जबकि अमित शाह उनका के ‘राष्ट्र प्रथम’ के विचार के सच्चा प्रतीक बतवलें।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें कि डॉ. श्यामा प्रसाद मुखर्जी एगो महान विचारक, शिक्षाविद आ दूरदर्शी नेता रहलें। ऊ शिक्षा बेवस्था में नवाचार आ भविष्य के जरूरत के हिसाब से बदलाव के समर्थक रहलें।
पीएम कहलें कि उद्योग मंत्री के रूप में डॉ. मुखर्जी देस में औद्योगिक आत्मनिर्भरता के मजबूत नेव रखलें। एकरा संगही ऊ एहु बात के सुनिश्चित कइलें कि पारंपरिक उद्योग आ आम जनता के रोजगार सुरक्षित रहे।
‘धारा 370 हटावल उनका प्रति सच्चा श्रद्धांजलि’
प्रधानमंत्री अपना सनेस में कहलें कि बंगाल अकाल के दौरान डॉ. मुखर्जी के मानवीय सेवा आजो प्रेरणा देला। भारत के एकता आ अखंडता खातिर उनकर समर्पण हमेसा इयाद रखल जाई। पीएम मोदी डॉ. मुखर्जी के जिनगी पs लिखल एगो लेख के जिकिर करत कहलें कि साल 2019 में धारा 370 आ अनुच्छेद 35(A) के हटावल, उनका सपना के साकार करे आ उनका प्रति सच्चा श्रद्धांजलि बा।
अमित शाह कहलें- ‘राष्ट्र प्रथम’ रहे जिनगी के मूल मंत्र
केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह एक्स पs पोस्ट कs के डॉ. श्यामा प्रसाद मुखर्जी के श्रद्धांजलि देलें। ऊ लिखलें कि डॉ. मुखर्जी पूरा जिनगी ‘राष्ट्र प्रथम’ के सिद्धांत पs चललें।
शाह कहलें कि बंगाल विभाजन के समय उनकर दूरदर्शी नेतृत्व आ जम्मू-कश्मीर के भारत के अभिन्न हिस्सा बनवले रखे खातिर कइल संघर्ष भारतीय इतिहास में हमेसा इयाद रखल जाई। उनका सिद्धांतन के प्रति अटूट निष्ठा आजो नौजवान पीढ़ी के प्रेरित कs रहल बा।
‘प्रसिद्धि खातिर कुछो ना कइलें’
अमित शाह एगो वीडियो संदेश जारी कइलें। एमे ऊ कहलें कि डॉ. श्यामा प्रसाद मुखर्जी कबो निजी प्रसिद्धि खातिर काम ना कइलें। आजादी से पहिले भारत के विभाजन के समय ऊ संघर्ष कs के सुनिश्चित कइलें कि पश्चिम बंगाल भारत के हिस्सा बनल रहे।
‘गंगोत्री से गंगासागर ले भाजपा के विस्तार’
शाह कहलें कि आज डॉ. मुखर्जी के सपना काफी हद तक पूरा हो चुकल बा। धारा 370 समाप्त हो गइल बा आ भारतीय जनसंघ के विचारधारा आज भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के रूप में गंगोत्री से गंगासागर तक पहुंच गइल बा। लाखन कार्यकर्ता उनका विचारधारा के आगे बढ़ावत देस के विकास में जोगदान दे रहल बा लोग।
कोलकाता में कार्यक्रम में सामिल होइहें अमित शाह
गृहमंत्री अमित शाह सोमार के कोलकाता में आयोजित डॉ. श्यामा प्रसाद मुखर्जी के 125वीं जयंती समारोह में सामिल होइहें। एह कार्यक्रम में केंद्रीय संस्कृति आ पर्यटन मंत्री गजेंद्र सिंह शेखावत आ पश्चिम बंगाल विधानसभा में विपक्ष के नेता शुभेंदु अधिकारी समेत कइयन गो गणमान्य लोग मवजूद रही।
संस्कृति मंत्रालय डॉ. श्यामा प्रसाद मुखर्जी के 125वीं जयंती के अवसर पs देसभर में दू साल तक चले वाला राष्ट्रव्यापी कार्यक्रम आयोजित कs रहल बा।









