Shopian Encounter : लश्कर के टॉप कमांडर जाकिर अहमद गनी मारल गइल, आतंकी के लगे से हथियार बरामद

Shopian Encounter

Share

श्रीनगर। जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में सुरक्षा बलन के आतंकवाद विरोधी अभियान के दौरान प्रतिबंधित आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैयबा (LeT) के एगो टॉप कमांडर जाकिर अहमद गनी मारल गइल। पुलिस बुध के एह बात के पुष्टि कइलस। मुठभेड़ के बाद सुरक्षाबल ओकर शव आ हथियार बरामद कइल।

जानकारी के मोताबिक, सुरक्षा बल के तरफ से 3 जुलाई से दक्षिण कश्मीर के मीमंदर इलाका में तलाशी अभियान चलावल जात रहे। एह इलाका में सात गो गा सामिल बा।

जम्मू-कश्मीर पुलिस सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (X) पs पोस्ट करत लिखलस, “भाग सकत बाड़ऽ, बाकिर छिप ना सकत बाड़ऽ। एसओजी शोपियां, राष्ट्रीय राइफल्स (RR) आ सीआरपीएफ के संयुक्त अभियान में लश्कर के एगो आतंकी मारल गइल।”

2023 में घर से निकलला के बाद लापता भइल रहे

अधिकारियन के मोताबिक, 26 बरिस के जाकिर अहमद गनी कुलगाम जिला के मोतलहामा गांव के रहनिहार रहे। 27 सितंबर 2023 के ऊ शटरिंग के काम खातिर घर से निकलल रहे, बाकिर वापस ना लवटल। परिवार के लोग बहुत खोजबीन कइल, बाकिर पता ना चलला पs 3 अक्टूबर 2023 के कुलगाम थाना में गुमशुदगी के रिपोर्ट दर्ज करावल गइल।

बाद में TRF में सामिल भइल

जांच में बाद में सामने आइल कि जाकिर अहमद गनी लश्कर-ए-तैयबा के सहजोगी संगठन द रेजिस्टेंस फ्रंट (TRF) में सामिल हो गइल रहे। पुलिस के अनुसार, ओकरा खिलाफ गैरकानूनी गतिविधि (रोकथाम) अधिनियम (UAPA) के अलग-अलग धारा के तहत ममिला दर्ज रहे।

पांच दिन से जारी रहे घेराबंदी

अधिकारी लोग बतवलस कि 3 जुलाई के घना बागान में लगावल निगरानी कैमरा में पहिलका बेर दूगो संदिग्ध आतंकी देखल गइले सs। एकरा बाद पुलिस, सेना के 55 राष्ट्रीय राइफल्स, 44 राष्ट्रीय राइफल्स आ सीआरपीएफ के संयुक्त टीम इलाका के चारो ओर कड़ा घेराबंदी कइलस। पांच दिन तक बीच-बीच में गोलीबारी होत रहल। सेना के विक्टर फोर्स अतिरिक्त जवान तैनात कs के आतंकियन के भागे के सब संभावित रास्ता बंद कइलस।

दूसरका आतंकी के तलाश जारी

सुरक्षा एजेंसी के मोताबिक, अभियान के दौरान दूगो आतंकी मवजूद रहले सs। जाकिर अहमद गनी के मार गिरावल गइल बा, जबकि दूसरका संदिग्ध आतंकी लतीफ अभियो इलाका में छिपल होखे के आशंका बा। ओकरा के पकड़े भा मार गिरावे खातिर अभियान लगातार जारी बा।

घना बागान आ गाछ-बिरिछ के चलते अभियान चुनौतीपूर्ण बनल बा, बाकिर सुरक्षाबल इलाका के सब निकासी रास्ता सील कs के आधुनिक निगरानी उपकरण के मदद से तलाशी अभियान जारी रखले बा लो।

Read Also: Donald Trump : ‘हमरा अब ओह लोग से कवनो डील नइखे करे के’, ट्रंप कहलें- ईरान के साथ सीजफायर समझौता खतम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-