Donald Trump : ‘हमरा अब ओह लोग से कवनो डील नइखे करे के’, ट्रंप कहलें- ईरान के साथ सीजफायर समझौता खतम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2026

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कहलें कि ईरान के संगे भइल अंतरिम सीजफायर समझौता अब खतम हो गइल बा। हालांकि, ऊ इहो कहलें कि बातचीत के रास्ता अभियो खुलल बा।जब ट्रंप से सीजफायर

Share

Donald Trump

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कहलें कि ईरान के संगे भइल अंतरिम सीजफायर समझौता अब खतम हो गइल बा। हालांकि, ऊ इहो कहलें कि बातचीत के रास्ता अभियो खुलल बा।जब ट्रंप से सीजफायर के मवजूदा इस्थिति के बारे में पूछल गइल, तs ऊ जवाब देलें, “हमरा हिसाब से ई अब खतम हो गइल बा।”

‘ईरान से डील करे में समय बरबाद होला’

ट्रंप आगे कहलें, “ओह लोगन से कवनो डील करे के मतलब बस समय बरबाद करे जइसन बा।” उनकर ई बयान तुर्किए के राजधानी अंकारा में आयोजित दू दिन के नाटो (NATO) शिखर सम्मेलन के दौरान सामने आइल।

हमला के बाद आइल बयान

ट्रंप के ई बयान अमेरिका के ओर से ईरान पs कइल गइल हमला के कुछ घंटा बाद सामने आइल। अमेरिकी पक्ष के अनुसार, ई कार्रवाई होर्मुज जलडमरूमध्य में टैंकर जहाजन पs भइल हमला के जवाब में कइल गइल। एह घटनाक्रम के बाद अमेरिका आ ईरान के बीच तनाव आउर बढ़े के संभावना जतावल जा रहल बा।

Read Also: Ram Mandir Donation Theft : नौकरी के 27 दिन बादे चढ़ावा के रुपिया पs हाथ साफ करे लागल मनीष, बाकी आरोपियन के नौकरी के राज अभियो परदा में

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.