Beating Retreat: आज से अटारी सहित तीनो बॉर्डर पs फेर सुरू होई रिट्रीट सेरेमनी, आम जनता हो सकी सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2025

नेशनल डेस्क : भारत-पाकिस्तान के बीच इस्थिति सामान्य होखला पs मंगर के बीएसएफ जवानन आ पाकिस्तानी रेंजर्स के बीच सांझ साढ़े छव बजे रिट्रीट सेरेमनी होई। एकरा अलावे फेंसिंग पs लागल गेट किसानन खातिर खोल

Share

नेशनल डेस्क : भारत-पाकिस्तान के बीच इस्थिति सामान्य होखला पs मंगर के बीएसएफ जवानन आ पाकिस्तानी रेंजर्स के बीच सांझ साढ़े छव बजे रिट्रीट सेरेमनी होई। एकरा अलावे फेंसिंग पs लागल गेट किसानन खातिर खोल दिहल गइल बा ताकि फेंसिंग पार जमीन पs खेती कs सके लोग। उल्लेख करे जोग बा कि भारत-पाकिस्तान के बीच तनाव के चलते दुनो देसन के बीच होखे वाला रिट्रीट सेरेमनी के अलावे फेंसिंग पs लागल गेट के बंद कs दिहल गइल रहे।

बीएसएफ अधिकारी लोग बतावल कि अटारी, हुसैनीवाला आ सादकी बॉर्डर पs मंगर के सांझ 6:30 बजे से बीएसएफ जवानन आ पाकिस्तान रेंजर्स के बीच रिट्रीट सेरेमनी सुरू होई। सेरेमनी देखे खातिर आम पब्लिको अब आ सकी। गौर करे वाला बात बा कि पहलगाम हमला के बाद सरकार सख्त फैसला लेत बॉर्डर के गेट बंद करवा देले रहे आ पाकिस्तान-भारत में छिड़ल युद्ध के दौरान 6 मई से तीनो बॉर्डर पs सेरेमनी पूरा तरे बंद कs दिहल गइल रहे।

टैक्सी यूनियन कइले रहे रिट्रीट सुरू करे के मांग

अमृतसर के टैक्सी यूनियन के हजारन परिवारन के रोजी-रोटी रिट्रीट देखे आवे वाला सैलानियन से चलेला। रिट्रीट बंद होखला से ओह लोगन के कमाई पूरा तरे बंद हो गइल रहे। हाले में टैक्सी यूनियन सरकार से मांग कइले रहे कि रिट्रीट के फेर से सुरू कइल जाव ताकि ऊ लोग परिवार के पाल सके।

सरहद पर लागल फेंसिंग के गेट किसानन खातिर खुलल

भारत-पाकिस्तान के बीच तनाव के दौरान सरहद पs फेंसिंग पs लागल गेट बंद कs दिहल गइल रहे। बाकिर अब दुनो देसन के बीच इस्थिति सामान्य हो चुकल बा। फेंसिंग पs लागल गेट किसानन खातिर खोल दिहल गइल बा। अब ऊ ओह पार जाके खेती कs सकी लोग। बीएसएफ अधिकारी बतावल लोग कि जवान फेंसिंग पार सारा जमीन के चेक कइल लोग कि कहीं दुश्मन लैंड माइन तs नइखे बिछा देले। पूरा तरे से संतुष्ट होखला के बाद सोमार से गेट खोल दिहल गइल।

Read Also: 20 मई 2025 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.