Bihar New CM : सम्राट चौधरी बनलें विधायक दल के नेता, भाजपा के ओर से बनिहें पहिला सीएम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2026

पटना। बिहार के राजनीति में आज एगो बड़ फैसला सामने आइल बा। केंद्रीय मंत्री शिवराज सिंह चौहान जानकारी देत कहलें कि भाजपा विधायक दल के बैठक में सम्राट चौधरी के सर्वसम्मति से नेता चुन लिहल

Share

BSP candidate Ashish Anand supports Deputy CM Samrat Choudhary in Tarapur election, Bihar politics heats up

पटना। बिहार के राजनीति में आज एगो बड़ फैसला सामने आइल बा। केंद्रीय मंत्री शिवराज सिंह चौहान जानकारी देत कहलें कि भाजपा विधायक दल के बैठक में सम्राट चौधरी के सर्वसम्मति से नेता चुन लिहल गइल बा। अब ऊ राज्य के नया मुख्यमंत्री बने जा रहल बाड़ें।

बैठक में मौजूद सब विधायक सम्राट चौधरी के नाम पs सहमति जतावल लोग। एह नाम के प्रस्ताव वरिष्ठ नेता विजय कुमार सिन्हा रखलें, जवना के बाद रेणु देवी, मंगल पांडेय आ दिलीप जायसवाल सहित दोसर विधायक समर्थन कइल लोग। एह तरे से बिना कवनो विरोध के सम्राट चौधरी के विधायक दल के नेता चुन लिहल गइल।

बतावल जा रहल बा कि सम्राट चौधरी, जे पहिले राजद से राजनीति सुरू कइले रहलें आ बाद में जदयू के रास्ता से भाजपा में अइलें, अब बिहार के नया मुख्यमंत्री बनके इतिहास रच रहल बाड़ें। ई पहिला मवका बा जब भाजपा बिहार में आपन मुख्यमंत्री दे रहल बिया।

वीर चंद्र पटेल मार्ग पs इस्थित भाजपा कार्यालय में भइल एह महत्वपूर्ण बैठक में पार्टी के कइयन गो वरिष्ठ नेता मवजूद रहलें। बैठक के बाद में सम्राट चौधरी अब कुछ देर में लोकभवन जा के सरकार बनावे के दावा पेश करिहें।

राज्य के राजनीति में एह फैसला के बाद नया दौर सुरू होखे जा रहल बा। अब सब केहू नजर सम्राट चौधरी के अगिला डेग आ नया सरकार के गठन पs टिकल बिया।

Read Also: Nitish Kumar Resignation : नीतीश कुमार देलें इस्तीफा, बिहार के राजनीति में तेज हलचल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.