Realme C100i : 6500mAh बैटरी आ 120Hz डिस्प्ले वाला सस्ता फोन भारत में लॉन्च

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

टेक डेस्क। Realme भारत में आपन C सीरीज के एगो नया बजट स्मार्टफोन Realme C100i लॉन्च कइले बा। ई फोन 6500mAh के दमदार बैटरी आ 120Hz रिफ्रेश रेट वाला डिस्प्ले के संगे आवेला। कंपनी एकरा

Share

Realme C100i 6500mAh Battery and 120Hz Display

टेक डेस्क। Realme भारत में आपन C सीरीज के एगो नया बजट स्मार्टफोन Realme C100i लॉन्च कइले बा। ई फोन 6500mAh के दमदार बैटरी आ 120Hz रिफ्रेश रेट वाला डिस्प्ले के संगे आवेला। कंपनी एकरा के बजट सेगमेंट में उतरले बिया।

Realme C100i के कीमत

Realme C100i के भारत में 4GB RAM + 64GB स्टोरेज वाला एगो वेरिएंट में लॉन्च कइल गइल बा। एकर कीमत 14,999 रुपिया राखल गइल बा। फोन के Flipkart पs किनल जा सकेला। खरीद पs 250 रुपिया के कूपन डिस्काउंट के ऑफर मिल रहल बा। ई फोन Midnight Black आ Skyline Silver रंग में उपलब्ध बा।

120Hz के डिस्प्ले मिलेला

Realme C100i में 6.75 इंच के HD+ डिस्प्ले दिहल गइल बा। ई स्क्रीन 720 x 1570 पिक्सल रेजोल्यूशन आ 120Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट करेला। डिस्प्ले के पीक ब्राइटनेस 900 निट्स तक बा।

स्क्रीन के सुरक्षा खातिर Panda Glass दिहल गइल बा। फोन IP64 रेटिंग के संगे आवेला, जवना से धूल आ पानी के छींटा से सुरक्षा मिलेला।

Realme C100i के स्पेसिफिकेशन

  • डिस्प्ले: 6.75 इंच HD+, 120Hz
  • प्रोसेसर: Unisoc T7250
  • RAM: 4GB
  • स्टोरेज: 64GB
  • बैटरी: 6500mAh
  • चार्जिंग: 15W
  • रियर कैमरा: 8MP
  • फ्रंट कैमरा: 5MP
  • ऑपरेटिंग सिस्टम: Android 16
  • UI: Realme UI 7

6500mAh के बैटरी

फोन में 6500mAh के बैटरी दिहल गइल बा, जवन 15W वायर्ड चार्जिंग सपोर्ट करेला। चार्जिंग खातिर USB Type-C पोर्ट मिलेला। फोन में 3.5mm ऑडियो जैक, Wi-Fi आ Bluetooth 5.2 जइसन कनेक्टिविटी फीचर मवजूद बा।

सुरक्षा खातिर फोन में साइड-माउंटेड फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गइल बा। स्टोरेज के माइक्रोएसडी कार्ड के मदद से बढ़ावलो जा सकी। एह तरे से Realme C100i बजट यूजरन खातिर बड़ बैटरी आ 120Hz डिस्प्ले वाला विकल्प बनके सामने आइल बा।

Read Also: Facebook-Instagram चलावे पs लागी लिमिट? रात में बंद हो सकेला इस्तेमाल, जानीं का बा Meta के नया प्लान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.