[the_ad_group id="30365"]

Facebook-Instagram चलावे पs लागी लिमिट? रात में बंद हो सकेला इस्तेमाल, जानीं का बा Meta के नया प्लान

Facebook Instagram Time Limit for Teenagers
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मनोरंजन डेस्क। Meta अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म Facebook आ Instagram पs किशोर यूजरन खातिर बड़ बदलाव करे के तइयारी में बा। नया नियम लागू भइल तs 18 साल से कम उमिर के यूजर दिन में सीमित समय तक सोशल मीडिया चला सकी लो। कुछ प्रस्ताव में दिन में करीब दु घंटा के इस्तेमाल सीमा आ रात के समय ऐप के इस्तेमाल पs रोक के बात सामने आइल बा।

किशोर यूजरन खातिर सेट हो सकेला सोशल मीडिया लिमिट

मीडिया रिपोर्ट के माेताबिक, Meta कैलिफोर्निया के कोर्ट में एगो सहमति पत्र दाखिल कइले बा। एकरा तहत कंपनी के कुछ नया नियम माने के पड़ सकेला। ई नियम खास तौर पs 18 साल से कम उमिर के यूजरन के सुरक्षा से जुड़ल होई। हालांकि, Meta एह नियमन के कब से लागू करी, एकर अंतिम तारीख अभी साफ नइखे।

लईकन पs सोशल मीडिया के असर के बा ममिला

कैलिफोर्निया के अदालत में Meta के खिलाफ कइयन गो मुकदमा के सुनवाई चल रहल बा। एह ममिला में आरोप लगावल गइल कि Facebook आ Instagram जइसन प्लेटफॉर्म लईकन आ किशोरन पs नकारात्मक असर डालत बा।

कंपनी पs इहो आरोप लागल बा कि ओकर कुछ फीचर यूजरन के लगातार सोशल मीडिया इस्तेमाल करे खातिर प्रोत्साहित करेला। खास तौर पs लईकन में सोशल मीडिया के लत आ मानसिक असर से जुड़ल चिंता जतावल गइल बा।

Meta पs भारी जुर्माना आ नियम मानल जरूरी

अदालती ममिला के बीच Meta करीब 14 बिलियन अमेरिकी डॉलर, माने लगभग 1.15 लाख करोड़ रुपिया के भुगतान करे पs सहमत भइल बा। एकरा संगही कंपनी के कोर्ट के ओर से सुझावल गइल कुछ नियमन के पालन करे के पड़ सकेला। हालांकि, अंतिम रूप से कवन-कवन नियम लागू होईं, एह पs इस्थिति साफ होखे के अभी इंतजार बा।

भारतो में लईकन के सुरक्षा पs सख्ती

भारत सरकार सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs लईकन के सुरक्षा के मुद्दा पs सख्त रुख अपनवले बा। Instagram आ Facebook पs चाइल्ड अब्यूज आ CSAM जइसन गैरकानूनी कंटेंट के रोकथाम खातिर Meta से कार्रवाई के अपेक्षा कइल गइल बा।

नया नियम लागू भइला पs किशोर यूजरन के सोशल मीडिया इस्तेमाल के समय कम हो सकेला आ रात में ऐप इस्तेमाल करे पs रोक लगावल जा सकेला।

Read Also: Nepal Tragedy : 288 भारतीय नागरिक लापता, एमे कैलाश मानसरोवर यात्री सामिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]