Ram Mandir Chadhawa Chori : टिन्नू यादव के एगो आउर करीबी SIT के रडार पs, 15 हजार के नौकरी में 20 करोड़ के संपत्ति किने के आरोप

By Shweta Supriya

Published on: Jul 15, 2026

अयोध्या। राम मंदिर चढ़ावा चोरी ममिला में विशेष जांच दल (SIT) के जांच लगातार तेज होत बा। अब आरोपी रामशंकर यादव उर्फ टिन्नू यादव के एगो आउर करीबी महेश कुमार SIT के रडार पs आ

Share

Police investigation into the Ram Mandir donation theft case with WhatsApp chat evidence and SIT inquiry in Ayodhya.

अयोध्या। राम मंदिर चढ़ावा चोरी ममिला में विशेष जांच दल (SIT) के जांच लगातार तेज होत बा। अब आरोपी रामशंकर यादव उर्फ टिन्नू यादव के एगो आउर करीबी महेश कुमार SIT के रडार पs आ गइल बा। शिकायत में दावा कइल गइल बा कि 15 से 18 हजार रुपिया महीना कमाई करे वाला महेश एक साल के भीतर करीब 20 करोड़ रुपिया के अचल संपत्ति किन लेलस। फिलहाल एह आरोप के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल आ जांच जारी बा।

भूमिका पs उठल सवाल

सूत्रन के मोताबिक, महेश कुमार मूल रूप से बस्ती जिला के निवासी हवें आ रामशंकर यादव टिन्नू के अयोध्या वाला घर में किराया पs रहत रहलें। दूनों के बीच करीबी संबंध रहे आ अक्सर एक संगे देखल जात रहे। बतावल जा रहल बा कि महेश के ड्यूटी चढ़ावा गिनती कक्ष में ना रहे, बलुक ऊ अकाउंट से जुड़ल काम आ टेलीशीट तइयार करे के जिम्मेदारी निभावत रहे।

सीएम योगी आ SIT से जांच के मांग

महेश कुमार के संपत्ति आ भूमिका के जांच करावे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, लखनऊ जोन के आईजी किरण एस सहित कइयन गो सक्षम अधिकारियन के शिकायत भेजल गइल बा।

शिकायतकर्ता दावा कइले बाड़ें कि महेश कुमार के गांव बस्ती जिला में कइयन गो महंगा जमीन किनल गइल बा। एह संबंध में जमीन के कागजात SIT के सउपल गइल बा। शिकायतकर्ता आपन पहचान गोपनीय रखे के मांग कइले बाड़ें।

15 हजार के नौकरी, बाकिर करोड़न के संपत्ति?

शिकायत में आरोप बा कि महेश कुमार के मासिक मानदेय करीब 15 से 18 हजार रुपिया बा। बावजूद एकरा, चढ़ावा चोरी ममिला सामने अइला के बाद ऊ 90 लाख रुपिया में छव बीघा जमीन किनले बा। एकरा अलावे बस्ती, लखनऊ, प्रयागराज आ अयोध्या के दर्शननगर इलाका में परिवार के अलग-अलग सदस्यन के नाम पs कइयन गो अचल संपत्ति किनल गइलइ बा।

शिकायतकर्ता के दावा बा कि एक साल में महेश करीब 20 करोड़ रुपिया के संपत्ति बनवले बाड़ें। हालांकि एह आरोपन के सत्यता के जांच अभी जारी बा।

SIT जल्दिये सउप सकेला अंतिम रिपोर्ट

सूत्रन के अनुसार, SIT एह ममिला के जांच लगभग पूरा कs लेले बा। अंतिम रिपोर्ट जल्दिये उत्तर प्रदेश सरकार के सउपल जा सकेला। रिपोर्ट में कुछ नया नाम सामिल हो सकेला, जवन बैंक, ट्रस्ट, मंदिर प्रबंधन, सुरक्षा बेवस्था आ चढ़ावा गिनती से जुड़ल लोग हो सकेला।

फिलहाल जांच एजेंसी सबूत जुटावे में लागल बाड़ी सs आ अंतिम रिपोर्ट अइला के बादे साफ हो सकी कि एह ममिला में कवन-कवन लोगन पs कार्रवाई हो सकेला।

Read Also: IND vs ENG : एजबेस्टन में भारत के दमदार जीत, 11 साल बाद इंग्लैंड के हरवलस, अक्षर पटेल आ शुभमन गिल के जलवा

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.