Railway Job Scam : रेलवे नौकरी घोटाला में ED के बड़ कार्रवाई, बिहार-यूपी सहित 4 राज्य में 15 ठिकानन पs छापा

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2026

पटना। रेलवे में नौकरी दिलावे के नाम पर चल रहल घोटाला में प्रवर्तन निदेशालय (ED) बड़ कार्रवाई कइले बा। ईडी के टीम बिहार, उत्तर प्रदेश, गुजरात आ तमिलनाडु में एक साथ 15 ठिकाना पर सर्च

Share

ED conducts raids in railway job scam across Bihar, Uttar Pradesh and other states

पटना। रेलवे में नौकरी दिलावे के नाम पर चल रहल घोटाला में प्रवर्तन निदेशालय (ED) बड़ कार्रवाई कइले बा। ईडी के टीम बिहार, उत्तर प्रदेश, गुजरात आ तमिलनाडु में एक साथ 15 ठिकाना पर सर्च ऑपरेशन चलवले बा। ई कार्रवाई करोड़ों रुपया के मनी लॉन्ड्रिंग मामला से जुड़ल बतावल जा रहल बा।

ईडी के वरिष्ठ अधिकारी लोग बतवले कि ई घोटाला रेलवे कर्मचारी बनाके फर्जी कागजात तइयार कर पैसा ऐंठे से जुड़ल बा। एह मामला में कई बड़-बड़ नाम सामने आ रहल बा, जेमे कुछ न्यायिक अधिकारी, वकील आ सरकारी कर्मचारी भी शामिल बतावल जात बा। ईडी पटना, नालंदा आ बेंगलुरु में कुल पांच ठिकाना पर छापेमारी कइले बा।

एह घोटाला मामला में सीबीआई पहिले से ही आपराधिक साजिश, धोखाधड़ी आ अउरी गंभीर धारन में केस दर्ज कर चुकल बा। अब ईडी के कार्रवाई से उम्मीद कइल जा रहल बा कि जल्दी ही एह गिरोह के मुख्य सरगना तक एजेंसी पहुंच जाई।

का ह रेलवे में नौकरी के नाम पर घोटाला?

रेलवे क्लेम घोटाला असल में एगो बड़ वित्तीय धोखाधड़ी ह, जेमे रेलवे हादसा में घायल आ मृत लोग के नाम पर फर्जी तरीका से मुआवजा उठावल गइल। कई अइसन लोग के नाम पर भी क्लेम कइल गइल, जे असल में कबहूं हादसा के शिकार ही ना भइल रहल। फर्जी दस्तावेज आ झूठा गवाही के सहारे करोड़ों रुपया निकालल गइल।

ईडी के ई कार्रवाई से साफ संदेश जा रहल बा कि राज्य आ केंद्र सरकार भ्रष्टाचार आ आर्थिक घोटाला के खिलाफ सख्त रुख अपनवले बा। अइसन मामला में शामिल कउनो भी दोषी बचे ना पाई, चाहे ऊ कतना ही रसूखदार काहे ना होखे।

Read Also: CM Yogi Janta Drashan : सीएम योगी जनता दर्शन में सुनलें फरियाद, कहलें- हर समस्या के समाधान सरकार के संकल्प

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.