Bihar Election 2025 : चुनाव के हो गइल घोषणा, बाकिर बंटवारा पs अभी ले नइखे बनल बात, एनडीए आ इंडिया गठबंधन में चल रहल  बा मंथन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के एलान हो गइल बा। दू चरण में- 6 आ 11 नवम्बर के वोट डालल जाई। बाकिर अभी तक एनडीए (NDA) आ इंडिया गठबंधन में सीट बंटवारा के लेके मंथन चल

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव के एलान हो गइल बा। दू चरण में- 6 आ 11 नवम्बर के वोट डालल जाई। बाकिर अभी तक एनडीए (NDA) आ इंडिया गठबंधन में सीट बंटवारा के लेके मंथन चल रहल बा। पटना के वीरचंद पटेल मार्ग पs भाजपा, जदयू, राजद आ कांग्रेस के दफ्तरन पs गाड़ी आ भीड़ लागल बा। सब दलन में अब सीट बंटवारा के जोड़-घटाव चल रहल बा। तेजस्वी यादव पोलो रोड वाला आपन आवास पs लगातार बैठक करत बाड़ें। करीब 80 फीसदी सीट पs बात बन गइल बा, बाकिर कुछ दलन के मनावे के फेरा में एलान अभियो अटकल बा।

एनडीए में चिराग-मांझी के जिद

एनडीए में सीट बंटवारा के 80 फीसदी काम पूरा हो गइल बा। भाजपा आ जदयू दूनो 100 से जादे सीटन पs चुनाव लड़े के तइयारी में बा। भाजपा चाहत बिया कि चिराग पासवान के पार्टी के 28, जीतन राम मांझी के 8 आ उपेंद्र कुशवाहा के 5 सीट देहल जाव। बाकिर चिराग 40 से कम सीट पs मानत नइखें। मांझी के तर्क बा कि राज्य पार्टी बने खातिर 8 विधायक चाहीं, हमनी लगे पहिले से 4 गो बा, अब 10-12 सीट से कम पs चुनाव ना लड़ल जाई। दूनो नेता आपन बात चुनाव प्रभारी धर्मेंद्र प्रधान से कह चुकल बा लोग। हालांकि जदयू नेता संजय झा के कहनाम बा कि एनडीए में कवनो मतभेद नइखे, सभे एकजुट बा।

इंडिया गठबंधन में कांग्रेस के आनाकानी

महागठबंधन अब “इंडिया” गठबंधन बन गइल बा। एमे कांग्रेस, राजद, सीपीआई, सीपीएम, माले, वीआईपी, झामुमो आ रालोजपा सामिल बा। तेजस्वी यादव के समन्वय समिति के अध्यक्ष बनावल गइल बा। सीट बंटवारा के बैठक लगातार चल रहल बा, बाकिर कांग्रेस, वाम दल आ वीआईपी आपन-आपन मांग पs अड़ल बा। तेजस्वी कांग्रेस के 55 सीट देवे के चाहत बाड़ें, बाकिर कांग्रेस 70 से कम पs मानत नइखे। वाम दल 40 सीट चाहत बा आ वीआईपी डिप्टी सीएम के पद के मांग करत बा।

सूत्रन के कहनाम बा कि राजद के 130, कांग्रेस के 55, वामदल के 35 आ वीआईपी के 20 सीट के फॉर्मूला तय भइल बा। झामुमो आ रालोजपा राजद कोटा से 5-5 सीट पs लड़ी। बाकिर कांग्रेस के नेता अबहियो एह फॉर्मूला से खुस नइखे लोग।

Read Also: Australia vs India : भारत के खिलाफ वनडे आ टी20 सीरीज खातिर ऑस्ट्रेलियाई टीम घोषित, मार्श करिहें कप्तानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.