Gorakhpur News : रेडियो आइसोटोप मानव जिनगी के बनावेला सुरक्षित आ सुविधाजनक : डॉ. सिराज अंसारी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2025

गोरखपुर।  भाभा परमाणु अनुसंधान संस्थान, मुंबई के सरंक्षण में भारतीय परमाणु रसायनज्ञ आ संबद्ध वैज्ञानिक संघ के ओर से डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर के विज्ञान संकाय में एगो विशेष व्याख्यान कार्यक्रम भइल। एमे बार्क आउटरीच

Share

special lecture on radiation and radioisotopes conducted by BARC scientists at DAV PG College Gorakhpur.

गोरखपुर।  भाभा परमाणु अनुसंधान संस्थान, मुंबई के सरंक्षण में भारतीय परमाणु रसायनज्ञ आ संबद्ध वैज्ञानिक संघ के ओर से डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर के विज्ञान संकाय में एगो विशेष व्याख्यान कार्यक्रम भइल। एमे बार्क आउटरीच कार्यक्रम के समन्वयक डॉ. सिराज अहमद अंसारी भाभा परमाणु अनुसंधान केंद्र में उद्योग आ समाज में विकिरण आ रेडियो आइसोटोप के उपयोग पs विस्तार से बतवलें। ऊ रेडियो केमिस्ट्री के क्षेत्र में हो रहल नया रिसर्च आ छात्र-छात्रा खातिर उपलब्ध अवसरन पs चरचा कइलें।

पहिला सत्र में एमिटी यूनिवर्सिटी, नोएडा से आइल डॉ. अर्पिता दत्ता बतवली कि रेडियोएक्टिव विकिरण के उपयोग आज कृषि, चिकित्सा, उद्योग, ऊर्जा, खाद्य प्रसंस्करण, जैव विविधता आ अनुसंधान जइसन कइयन क्षेत्र में तेजी से बढ़ रहल बा।

दुसरका सत्र में डॉ. आषुतोष श्रीवास्तव, वैज्ञानिक, बार्क मुम्बई, रेडियोधर्मी तत्वन पर विस्तार से चर्चा कइलें। ऊ बतवलें कि उद्योग आ चिकित्सा क्षेत्र में रेडियो आइसोटोप के उपयोग महत्वपूर्ण प्रक्रियन के निगरानी आ नियंत्रण खातिर कइल जाला। छात्र-छात्रन के सवाल के जवाब देत ऊ लोग के जिज्ञासा शांत कइले आ रेडियो विज्ञान में करिअर बनावे के प्रेरित कइलें।

कार्यक्रम में कु. तृप्ति द्वारा सरस्वती वंदना आ कु. राधा, कृति आ अंजली के ओर से स्वागत गीत प्रस्तुत कइल गइल। अतिथियन के सम्मान प्राचार्य प्रो. शैल पांडे के ओर से अंगवस्त्रम आ स्मृति चिह्न से कइल गइल। कार्यक्रम के संचालन आ धन्यवाद ज्ञापन डॉ. संजय कुमार पांडेय कइलें।

एह अवसर पs विज्ञान संकाय के डॉ. राजेश राय, डॉ. मनोज श्रीवास्तव, शिवम श्रीवास्तव, श्रीमती रक्षा गुप्ता, डॉ. स्नेहलता त्रिपाठी, डॉ. मुन्ना गुप्ता, डॉ. विश्वदीपक सिंह, डॉ. पूनम, डॉ. संजय मिश्रा, डॉ. कुलदीप द्विवेदी, डॉ. आषाराम वर्मा, डॉ. संजय कुमार, डॉ. परेष सनत, अभिषेक गुप्ता, डॉ. सुगंधा, डॉ. वीनस सिंह, श्री अनुज समेत सभे छात्र-छात्रा मौजूद रहल लोग।

Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में बिरसा मुंडा जयंती के उपलक्ष्य में विशेष सभा के भइल आयोजन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.