Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में बिरसा मुंडा जयंती के उपलक्ष्य में विशेष सभा के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2025

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में सुक के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में भगवान बिरसा मुंडा के जयंती के उपलक्ष्य

Share

NSS special assembly at DAV PG College Gorakhpur celebrating Birsa Munda Jayanti with students and faculty.

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में सुक के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में भगवान बिरसा मुंडा के जयंती के उपलक्ष्य में विशेष सभा के आयोजन कइल गइल।

एह अवसर पs भाषण प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जेमे मरियम के पहिला, अनमोल श्रीवास्तव के दूसरा आ खुशबू साहनी के तिसरका स्थान प्राप्त भइल। मुख्य अतिथि के रूप में हिंदी विभाग से डॉ. शत्रुघ्न सिंह सब स्वयंसेवकन के बिरसा मुंडा के राजनीतिक विरासत विषय पs व्याख्यान प्रस्तुत कइलें। ऊ बतवलें कि बिरसा मुंडा के राजनीतिक विरासत में आदिवासी अधिकारन के वकालत, स्वशासन के मांग आ ब्रिटिश शोषण के खिलाफ संगठित विद्रोह सामिल बा।

ऊ ‘उलगुलान’ नाम के विद्रोह के नेतृत्व कइलें, जेमे ऊ ‘मुंडा राज’ स्थापित करे आ ‘अबुआ राज’ (अपना शासन) के स्थापना के आह्वान कइलें। उनकर विरासत आजो आदिवासी स्वायत्तता, भूमि अधिकार आ सांस्कृतिक पहचान के संघर्ष में प्रासंगिक बा। कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता बतवली कि केंद्र 15 नवंबर, बिरसा मुंडा के जयंती, के बरिस 2021 में जनजातीय गौरव दिवस के रूप में घोषित कइलें। एह साल बिरसा मुंडा के 150वीं जयंती समारोह पूरा देस में हर्षोल्लास के संगे मनावल जा रहल बा। एह अवसर पs डॉ. आसाराम वर्मा के संगे-संगे श्रद्धा,अंकिता यादव आ आयुष साहू सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग उपस्थित रहल।

Read Also: IND vs SA : बुमराह के ‘पंजा’, अब कुंबले आ कपिल देव के रिकॉर्ड पs निशाना; विश्व चैंपियन साउथ अफ्रीका पहिला पारी में फेल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.