Puja Special Train : 21 सितंबर से 30 नवंबर तक चलावल जाई 150 पूजा स्पेशल ट्रेन, त्योहारन में मिली राहत

By Shweta Supriya

Published on: Aug 31, 2025

गोरखपुर। त्योहार (दशहरा, दीपावली आ छठ पर्व) में देस के महत्वपूर्ण शहरन से उत्तर प्रदेश आ बिहार आवे-जाये वाला लोगन खातिर राहत भरल खबर बा। यात्रियन के बढ़त भीड़ आ ओह लोगन के परेसानी के

Share

भारतीय रेलवे: फोटो

गोरखपुर। त्योहार (दशहरा, दीपावली आ छठ पर्व) में देस के महत्वपूर्ण शहरन से उत्तर प्रदेश आ बिहार आवे-जाये वाला लोगन खातिर राहत भरल खबर बा। यात्रियन के बढ़त भीड़ आ ओह लोगन के परेसानी के देखत रेलवे 21 सितंबर से 30 नवंबर तक 150 पूजा स्पेशल ट्रेन चलावे के घोषणा कइले बा। रेलवे बोर्ड के पहल पऽ रेलवे प्रशासन एह ट्रेनन के अधिसूचना जारी कs देले बा। ई सब ट्रेन कुल 2024 अतिरिक्त फेरा में चलावल जइहें सs।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के मोताबिक भारतीय रेलवे यात्रियन के सुविधा खातिर हजारन विशेष ट्रेन सेवा के संचालन के फैसला लेले बा। बिहार जाये वाला यात्रियन के सुविधा खातिर 12000 से जादे ट्रेन चलावे के योजना बनावल जा चुकल बा। जवना ट्रेनन के संचालन के योजना बन चुकल बा, ओकर नोटिफिकेशन अब जारी कइल सुरू हो चुकल बा। विशेष रूप से उत्तर भारत, पूर्वी भारत आ दक्षिण भारत के बड़ स्टेशनन से चले वाली एह ट्रेनन से महानगरन आ ग्रामीण इलाका के बीच बेहतर संपर्क सुनिश्चित कइल जाई। पूजा स्पेशल एह ट्रेनन के श्रृंखला के तहत दक्षिण मध्य रेलवे के ओर से सबसे जादे 48 ट्रेन चलावल जाई, जवन 684 फेरा पूरा करिहें सs।

एह ट्रेनन के संचालन मुख्यतः हैदराबाद, सिकंदराबाद आ विजयवाड़ा जइसन प्रमुख स्टेशन से कइल जाई। पूर्व मध्य रेलवे 14 ट्रेन अधिसूचित कइले बा, जवन पटना, गया, दरभंगा आ मुजफ्फरपुर जइसन बिहार के प्रमुख स्टेशनन से होके गुजरी आ कुल 588 फेरा में चलावल जइहें सs। पूर्व रेलवे से कोलकाता, सियालदह, हावड़ा जइसन भीड़भाड़ वाला स्टेशनन से 24 विशेष ट्रेन चलावल जाई, जवना के मदद से 198 फेरा संचालित होई। पश्चिम रेलवे मुम्बई, सूरत, वडोदरा जइसन शहर से 24 स्पेशल ट्रेन घोषित कइले बा, जवन 204 फेरा पूरा करिहें सऽ। दक्षिण रेलवे के ओर से चेन्नै, कोयंबत्तूर, मदुरै जइसन स्टेशन से दस ट्रेन चलावल जइहें सs, जवना के 66 फेरा चली।

एकरा अलावे पूर्व तट रेलवे से भुवनेश्वर, पुरी आ सम्बलपुर, दक्षिण पूर्व रेलवे से रांची, टाटानगर, उत्तर मध्य रेलवे से प्रयागराज, कानपुर, दक्षिण पूर्व मध्य रेलवे से बिलासपुर, रायपुर आ पश्चिम मध्य रेलवे से भोपाल, कोटा जइसन स्टेशनन के जोड़त विशेष ट्रेन संचालित कइल जाई।

स्पेशल ट्रेनन के सूची, समय सारणी, रूट आ ठहराव के विस्तृत जानकारी रेलवे के आधिकारिक वेबसाइट, इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन (आइआरसीटीसी) आ नजदीकी रेलवे स्टेशनन पऽ उपलब्ध बाऽ। रेल यात्री स्पेशल ट्रेन में यात्रा करे खातिर अग्रिम बुकिंग करा सकेला लो।

Read Also: Priya Marathe : मात्र 38 के उमिर में ‘पवित्र रिश्ता’ फेम एक्ट्रेस प्रिया मराठे के निधन, चलत रहे कैंसर के इलाज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.