Emmy Awards : एमी अवॉर्ड्स में प्रियंका चोपड़ा के फिलिम के मिलल नॉमिनेशन, एक्शन-कॉमेडी सनीमा ओटीटी पs मचवले रहे धूम

By Shweta Supriya

Published on: Jul 9, 2026

एंटरटेनमेंट डेस्क। बॉलीवुड से लेके हॉलीवुड तक अपना सानदार अभिनय से पहचान बनावे वाली अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा जोनस एक बेर फेर चरचा में बाड़ी। अब उनकर मशहूर ओटीटी फिल्म ‘हेड्स ऑफ स्टेट (Heads of State)’

Share

Priyanka Chopra's Heads of State Earns Emmy Awards 2026 Nomination

एंटरटेनमेंट डेस्क। बॉलीवुड से लेके हॉलीवुड तक अपना सानदार अभिनय से पहचान बनावे वाली अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा जोनस एक बेर फेर चरचा में बाड़ी। अब उनकर मशहूर ओटीटी फिल्म ‘हेड्स ऑफ स्टेट (Heads of State)’ के 78वां प्राइमटाइम एमी अवॉर्ड्स 2026 खातिर नॉमिनेशन मिलल बा। एह खबर से प्रियंका के फैंस में खुसी के माहौल बा।

प्रियंका चोपड़ा साल 2012 से हॉलीवुड में लगातार सक्रिय बाड़ी। एह दौरान ऊ कइयन गो फिलिम आ वेब सीरीज में काम कइले बाड़ी, जवना में ‘सिटाडेल’ सामिल बा। अब उनकर एक्शन-कॉमेडी फिलिम ‘हेड्स ऑफ स्टेट’, जवना में हॉलीवुड स्टार जॉन सीना आ इद्रिस एल्बा मुख्य भूमिका में बाड़ें, के 78वां प्राइमटाइम एमी अवॉर्ड्स में नॉमिनेशन मिलल बा।

एह कैटेगरी में मिलल नॉमिनेशन

एह बात के आधिकारिक जानकारी टेलीविजन अकादमी अपना आधिकारिक एक्स (X) हैंडल पs साझा कइले बा। ‘हेड्स ऑफ स्टेट’ के Outstanding Television Movie कैटेगरी में नॉमिनेट कइल गइल बा। ई प्रियंका चोपड़ा, जॉन सीना आ इद्रिस एल्बा खातिर एगो बड़ उपलब्धि मानल जा रहल बा।

14 सितंबर के घोषित होई विजेता

प्राइमटाइम एमी अवॉर्ड्स 2026 के विजेता के एलान 14 सितंबर 2026 के होई। एह कैटेगरी में ‘हेड्स ऑफ स्टेट’ के मुकाबला Remarkably Bright Creatures, Miss You Love You, Ryan Ghost War आ People We Met on a Vacation जइसन फिलिमन से बा। अब देखे के रही कि प्रियंका के फिलिम एह सबके पछाड़ के पुरस्कार जीत पावेला कि ना।

अमेजन प्राइम वीडियो पs रिलीज भइल रहे फिलिम

‘हेड्स ऑफ स्टेट’ साल 2025 में दुनियाभर में मशहूर ओटीटी प्लेटफॉर्म Amazon Prime Video पs रिलीज भइल रहे। फिलिम के दमदार एक्शन, कॉमेडी आ मनोरंजक कहानी दर्शकन के खूब पसन आइल रहे। एह कारण ई फिलिम साल 2025 के सबसे चर्चित आ सफल ओटीटी फिलिमन में गिनल गइल रहे। अब एमी अवॉर्ड्स में नॉमिनेशन मिलला के बाद प्रियंका चोपड़ा आ उनकर फिलिम फेर से सुर्खियन में आ गइल बा।

Read Also: India Australia Relations : भारत के इंफ्रास्ट्रक्चर फंड में ऑस्ट्रेलिया करी 500 मिलियन डॉलर के निवेश, पीएम मोदी के मवजूदगी में भइल बड़ एलान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.