India Australia Relations : भारत के इंफ्रास्ट्रक्चर फंड में ऑस्ट्रेलिया करी 500 मिलियन डॉलर के निवेश, पीएम मोदी के मवजूदगी में भइल बड़ एलान

By Shweta Supriya

Published on: Jul 9, 2026

नई दिल्ली : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह घरी ऑस्ट्रेलिया के दौरा पs बाड़ें। बियफे के ऊ मेलबर्न में आयोजित इंडिया-ऑस्ट्रेलिया CEO फोरम आ इकोनॉमिक रोडमैप बिजनेस रिसेप्शन कार्यक्रम में हिस्सा लेलें। एह दौरान भारत आ

Share

PM Modi at India-Australia CEO Forum

नई दिल्ली : प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह घरी ऑस्ट्रेलिया के दौरा पs बाड़ें। बियफे के ऊ मेलबर्न में आयोजित इंडिया-ऑस्ट्रेलिया CEO फोरम आ इकोनॉमिक रोडमैप बिजनेस रिसेप्शन कार्यक्रम में हिस्सा लेलें। एह दौरान भारत आ ऑस्ट्रेलिया के आर्थिक आ रणनीतिक संबंध के आउर मजबूत कइला पs जोर दिहल गइल।

पीएम मोदी कहलें कि आज पूरा दुनिया अनिश्चितता, सप्लाई चेन में रुकावट आ ऊर्जा संकट जइसन चुनौती से जूझत बा। अइसन समय में भारत आ ऑस्ट्रेलिया के भरोसेमंद साझेदार के रूप में एक संगे आगे बढ़ल बहुते जरूरी बा।

ऑस्ट्रेलियनसुपर भारत में करी 500 मिलियन डॉलर के निवेश

ऑस्ट्रेलिया के सबसे बड़ पेंशन फंड ऑस्ट्रेलियनसुपर (AustralianSuper) भारत के इंफ्रास्ट्रक्चर फंड में 500 मिलियन ऑस्ट्रेलियाई डॉलर निवेश करे के एलान कइलस।

पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखलें कि भारत ऑस्ट्रेलियनसुपर के एह निवेश के स्वागत करत बा। ई निवेश कंपनी के चीफ एग्जीक्यूटिव पॉल श्रोडर मेलबर्न में घोषित कइलें। पीएम कहलें कि ई भारत के विकास यात्रा आ आर्थिक सुधार पs वैश्विक निवेशकन के भरोसा के मजबूत संकेत बा। संगही ई तेजी से बढ़त भारतीय अर्थबेवस्था में मवजूद निवेश के अवसरन के देखावत बा।

इंडोनेशिया से ऑस्ट्रेलिया पहुंचलें पीएम मोदी

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इंडोनेशिया के दौरा पूरा करे के बाद बुध के ऑस्ट्रेलिया पहुंचलें। उहां उनकर जोरदार स्वागत कइल गइल। एह मवका पs भारत आ ऑस्ट्रेलिया के साझा सांस्कृतिक विरासत के दरसावत रंगारंग सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश कइल गइल। पीएम मोदी एह कार्यक्रम के वीडियो सोशल मीडिया पs साझा करत एकरा के सानदार बतवलें।

डिजेरिडू आ तबला के जुगलबंदी के सरहलें पीएम

पीएम मोदी ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री एंथनी अल्बनीज के संगे पारंपरिक ऑस्ट्रेलियाई वाद्ययंत्र डिजेरिडू आ भारतीय तबला के अनोखा संगीत जुगलबंदी देखलें। प्रस्तुति देखला के बाद पीएम कहलें कि ई संगीत दुनो देसन के गहरा सांस्कृतिक रिश्ता के दरसावेला। ऊ कलाकारन के सानदार प्रस्तुति खातिर खुलके तारीफ कइलें।

रक्षा, बेयपार आ टेक्नोलॉजी पs होई अहम बातचीत

ऑस्ट्रेलिया दौरा के दौरान भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच रक्षा आ सुरक्षा, बेयपार, निवेश, शिक्षा, मोबिलिटी, टेक्नोलॉजी आ खेल सहित कइयन गो महत्वपूर्ण मुद्दा पs चरचा होखे वाला बा। ऑस्ट्रेलिया के दौरा पूरा कइला के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना अगिला बिदेसी दौरा पs न्यूजीलैंड खातिर रवाना होइहें।

Read Also: Maharashtra Earthquake : महाराष्ट्र में भारी बरखा के बीच लागल भूकंप के झटका, आधा रात कइयन जिला में कांप उठल धरती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.