PM MODI BIRTH DAY : सेवा पखवाड़ा के रूप में PM मोदी के जन्म तिथि मनाई भाजपा, स्वास्थ्य शिविर आ स्वच्छता अभियान चली

By Shweta Supriya

Published on: Aug 29, 2025

गोरखपुर। भाजपा के प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह कहलें कि पार्टी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्म दिवस 17 सितंबर से 2 अक्टूबर तक सेवा पखवाड़ा के रूप में मनाई। एह दौरान रक्तदान शिविर, स्वास्थ्य शिविर,

Share

BJP celebrates PM Modi’s birthday as Seva Pakhwada with health camps and cleanliness drive

गोरखपुर। भाजपा के प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह कहलें कि पार्टी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्म दिवस 17 सितंबर से 2 अक्टूबर तक सेवा पखवाड़ा के रूप में मनाई। एह दौरान रक्तदान शिविर, स्वास्थ्य शिविर, स्वच्छता अभियान आ अलग-अलग सेवा कार्य के माध्यम से भाजपा गांव-गली, कस्बन आ शहरन तक पहुंची।

धर्मपाल सिंह बुध के रानीडिहा इस्थित क्षेत्रीय कार्यालय में आयोजित संगठनात्मक बैठक के संबोधित करत रहलें। उ कहलें कि प्रधानमंत्री मोदी के नेतृत्व में केंद्र सरकार के नीति आ योजना गरीब, शोषित, वंचित आ उपेक्षित वर्ग के सामाजिक-आर्थिक उत्थान खातिर समर्पित बा। भाजपा एकमात्र राजनीतिक दल हs जवन राजनीति के संगे-संगे जनसेवा, स्वच्छता आ पर्यावरण संरक्षण जइसन कार्य में निरंतर सक्रिय रहेला।

प्रदेश महामंत्री (संगठन) कार्यकर्ता लोगन से आह्वान कइलें कि सेवा पखवाड़ा के दौरान सांसद, विधायक, पदाधिकारी आ कार्यकर्ता प्रधानमंत्री मोदी के संदेश लेके जनता तक पहुंचे आ ओह लोगन के विकसित भारत के संकल्प से जोड़े। उ कहलें कि देस ऐतिहासिक उपलब्धि के संगे शिक्षा, स्वास्थ्य, आत्मनिर्भरता आ सुरक्षा के क्षेत्र में निरंतर प्रगति करत बा।

उ संगठनात्मक मजबूती पऽ जोर देत कहलें कि मंडल अध्यक्ष, शक्ति केंद्र संयोजक आ बूथ अध्यक्षन के नियमित संवाद बनाके मजबूत बूथ व्यूह रचना तइयार करे के होई। मतदाता पुनरीक्षण के काम में सतर्कता बरते, नया मतदाता के सूची में जोड़े आ मृत आ बाहर गइल लोगन के नाम हटवावे के जिम्मा कार्यकर्ता के उठावेके होई।

बैठक के अध्यक्षता क्षेत्रीय अध्यक्ष सहजानंद राय कइलें। संचालन क्षेत्रीय महामंत्री सुनील गुप्ता कइलें। एह अवसर पऽ क्षेत्रीय महामंत्री आ विधायक प्रदीप शुक्ला, क्षेत्रीय उपाध्यक्ष डा. सत्येंद्र सिंहा, अरविंद जायसवाल, विश्वजिताशु सिंह आशु, सुनीता श्रीवास्तव, जिलाध्यक्ष जनार्दन तिवारी, जिला प्रभारी अशोक सिंह, अजय सिंह गौतम, रमेश सिंह, पूर्व महानगर अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव, डा. समीर सिंह, सिद्धार्थ शंकर पांडेय, क्षेत्रीय मीडिया प्रभारी डा. बच्चा पांडेय नवीन, सह प्रभारी राहुल तिवारी, ध्रुव श्रीवास्तव, ओमप्रकाश शर्मा, अच्युतानंद शाही आदि प्रमुख रूप से मवजूद रहे लोग।

पदाधिकारियन से कइलें संवाद

गोरखपुर। भाजपा के प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह क्षेत्रीय कार्यालय पऽ आयोजित संवाद कार्यक्रम में अनुसूचित जाति मोर्चा के क्षेत्रीय पदाधिकारियन आ जिलाध्यक्षन से मुलाकात कइलें। उ कहलें कि भाजपा आवे वाला पंचायत आ विधानसभा चुनाव के तइयारी पूर्व तइयारी–पूर्ण तइयारी के नीति पऽ करत बिया।

उ विपक्ष पऽ हमला बोलत कहलें कि समाजवादी पार्टी अपना शासनकाल में अनुसूचित जाति वर्ग के संगे अन्याय भा अत्याचार के पराकाष्ठा कइल। कांग्रेस पऽ प्रहार करत धर्मपाल सिंह कहलें कि कांग्रेस बाबा साहेब भीमराव अंबेडकर के चुनाव हरवावल। उनका के भारत रत्न देवे में देरी कइलस।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाबा साहेब से जुड़ल स्थानन के पंचतीर्थ के रूप में विकसित कs के उनका के सच्चा श्रद्धांजलि देलें। उ अनुसूचित जाति मोर्चा के पदाधिकारियन से अपील कइलें कि उ सतत संपर्क आ संवाद के माध्यम से जनता तक पहुंचे लोग आ आ विपक्ष द्वारा फइलावल गइल झूठ आ भ्रम के दूर करे लाेग। संगही मोदी-योगी सरकार के जनकल्याणकारी योजना के जानकारी लोगन तक पहुंचावे।

Read Also: Bihar Election : पीएम नरेंद्र मोदी के गाली देवे वाला गिरफ्तार, बिहार पुलिस दरभंगा से पकड़लस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.