Bihar Election : पीएम नरेंद्र मोदी के गाली देवे वाला गिरफ्तार, बिहार पुलिस दरभंगा से पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2025

दरभंगा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कांग्रेस के (Bihar Election) वोट अधिकार यात्रा के दौरान गाली देवे वाला आरोपी कांग्रेस नेता के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। बिहार पुलिस के टीम कार्रवाई करत आरोपी के दरभंगा

Share

दरभंगा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कांग्रेस के (Bihar Election) वोट अधिकार यात्रा के दौरान गाली देवे वाला आरोपी कांग्रेस नेता के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। बिहार पुलिस के टीम कार्रवाई करत आरोपी के दरभंगा से दबोच लेलस। पुलिस आरोपी के पहचान सिंहवाड़ा थाना क्षेत्र के भोपुरा गांव निवासी रिजवी उर्फ राजा के रूप में कइले बिया। ओकरा पs आरोप बा कि उ मंच से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के खिलाफ अभद्र भाषा के इस्तेमाल कइलस आ भद्दा-भद्दा गाली देलस।

घटना के बाद एह ममिला में सिमरी थाना में मुकदमा दर्ज कइल गइल रहे। पुलिस बतवलस कि आरोपी से पूछताछ कइल जा रहल बा आ आगे के कानूनी कार्रवाई जारी बा। एह घटना के बाद जिला में राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा।

भाजपा जिलाध्यक्ष दर्ज करवले रहस प्राथमिकी

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ उनका स्वर्गीय माता पs आपत्तिजनक टिप्पणी ममिला में भाजपा जिलाध्यक्ष आदित्य नारायण चौधरी दरभंगा साइबर थाना में कांग्रेस नेता नौशाद सहित आउर के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़ें। भाजपा नेता अपना लिखित शिकायत में कहलें कि 27 अगस्त के विपक्ष के नेता राहुल गांधी आ तेजस्वी यादव के मवजूदगी में महागठबंधन के ओर से आयोजित वोटर अधिकार यात्रा के दौरान मंच से प्रधानमंत्री आ उनका माता के खिलाफ अपमानजनक टिप्पणी कइल गइल। जिलाध्यक्ष एकरा के अत्यंत दुर्भाग्यपूर्ण बतावत कहलें कि ई खाली प्रधानमंत्री ना बलुक समूचा देस के अपमान हs। उ पुलिस से आरोपी के तत्काल गिरफ्तारी के मांग कइले बाड़ें।

ओहिजा, पुलिस टीम मुख्य आरोपी नौशाद के तलाश में छापेमारी कs रहल बिया। एसएसपी जगुनाथ रेड्डी बतवलें कि प्रधानमंत्री मोदी पs अभद्र टिप्पणी करे के ममिला में एगो आउर आरोपी के पकड़ल गइल बा आ ओकरा से पूछताछ कइल जा रहल बा। आउर आरोपियन के तलाश में दरभंगा पुलिस के टीम लगातार छापेमारी कs रहल बिया। सिमरी थानाध्यक्ष रिजवी उर्फ रफीक उर्फ राजा के गिरफ्तार कइले बाड़े।

Read Also: Urjit Patel : उर्जित पटेल के आईएमएफ में बड़ जिम्मेदारी, आरबीआई गवर्नर के रूप में कइले रहस बेहतरीन काम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.