ब्राजील में घर के चिमनी से टकराइल प्लेन, एके परिवार के 9 लोगन के मउत, दु गो के हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2024

पर्यटकन के बीच लोकप्रिय ब्राजील के ग्रामाडो शहर में अतवार के दिने एगो छोटहन विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जवना में सवार दस गो यात्री आ चालक दल के मउत हो गइल. ब्राजील के नागरिक रक्षा

Share

ब्राजील प्लेन हादसा

पर्यटकन के बीच लोकप्रिय ब्राजील के ग्रामाडो शहर में अतवार के दिने एगो छोटहन विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जवना में सवार दस गो यात्री आ चालक दल के मउत हो गइल. ब्राजील के नागरिक रक्षा एजेंसी ई जानकारी दिहले बिया. सिविल डिफेंस एजेंसी ट्विटर पs एगो पोस्ट में कहलस कि, विमान पहिले एगो घर के चिमनी से टकरा गईल, ओकरा बाद एगो बिल्डिंग के दूसरा मंजिल से टकरा गईल अवुरी ग्रामाडो के एगो मुख्य आवासीय इलाका में मोबाइल फोन के दोकान से टकरा गईल।  जमीन पs मौजूद एक दर्जन से जादे लोग घायल हो गइले आ अस्पताल पहुंचावल गईल, जवना में से दु लोग के हालत गंभीर होखे के खबर बा। 

अबे ले इs साफ नईखे भईल कि दुर्घटना के कारण का रहे।  ब्राजील के नागरिक सुरक्षा एजेंसी के मुताबिक, विमान में सवार सभ 10 यात्री अवुरी चालक दल के मउत हो गईल अवुरी जमीन पs मौजूद एक दर्जन से जादे लोग घाही हो गईले।

सभे एके परिवार के रहे
स्थानीय मीडिया के खबर बा कि विमान में सवार यात्री एगो परिवार के सदस्य रहले अवुरी रियो ग्रांडे डू सुल राज्य के एगो अवुरी शहर से साओ पाउलो राज्य जात रहले।  ग्रामाडो सेरा गौचा पहाड़ में स्थित बा आ ब्राजील के पर्यटक लोग के बीच ई लोकप्रिय बा जे लोग ठंडा मौसम, पैदल यात्रा के रास्ता आ परंपरागत वास्तुकला के मजा लेवे ला। एह शहर में 19वीं सदी में बहुत सारा जर्मन आ इतालवी आप्रवासी लोग बसल रहे आ क्रिसमस के छुट्टी खातिर ई एगो लोकप्रिय गंतव्य हवे।


इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.