Pawan Singh: पावर स्टार पवन सिंह के सीट के लेके सस्पेंस खत्म, आरा ना अब इहाँ से लड़िहें लोकसभा के चुनाव

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 10, 2024

Pawan Singh: भोजपुरी फिल्म अभिनेता पवन सिंह चुनाव लड़े के एलान कर देले बाड़े। पवन सिंह ने खुदे एक्स पऽ एकर जानकारी देले। पवन सिंह काराकाट लोकसभा सीट से चुनाव लड़िहें। पवन सिंह एक्स पऽ

Share

Pawan Singh: भोजपुरी फिल्म अभिनेता पवन सिंह चुनाव लड़े के एलान कर देले बाड़े। पवन सिंह ने खुदे एक्स पऽ एकर जानकारी देले। पवन सिंह काराकाट लोकसभा सीट से चुनाव लड़िहें। पवन सिंह एक्स पऽ लिखले- हम अपना माई से वादा कइले रहीं की हम अबकि बेर चुनाव लड़ब। हम निश्चय कइले बानी कि हम 2024 के लोकसभा चुनाव काराकाट बिहार से लड़ब। जय माता दी।

पवन सिंह के वीडियो भइल वायरल

बीतल दिन पवन सिंह के एगो वीडियो खूब वायरल भइल। जवना में उऽ कहत रहलें कि चुनाव तऽ उऽ लड़िहें, बाकिर कब, कहां, कइसे आ कवन पार्टी से लड़ब, ई बाद के बात बा।

काराकाट लोकसभा सीट

बता दें कि काराकाट लोकसभा सीट ए समय जेडीयू के खाता में बा। इहाँ से 2019 के लोकसभा चुनाव में महाबली सिंह चुनाव जीतल रहलें। उनका 3,98,408 वोट मिलल रहें। जबकि रालोमो (राष्ट्रीय लोक मोर्चा) प्रमुख उपेंद्र कुशवाहा के 3,13,866 मत मिलल रहें। ओहिजा, बीएसपी के राज नारायण तिवारी के 21,715 वोटों से संतोष करे के पड़ल रहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.