छपरा: पंचायत समिति सदस्य के सड़क हादसा में मौत: गाड़ी आ देवाल बीच फंसलें, वाहन चालक 50 मीटर तक घसीटलस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 24, 2025

छपरा : रसूलपुर में एगो सड़क हादसा में पंचायत समिति सदस्य के मौत हो गइल। ई घटना अतवार के देर रात के हs। लाकर छपरा पंचायत के बीडीसी सदस्य अरबिंद सिंह उर्फ भुवर सिंह रात

Share

छपरा: पंचायत समिति सदस्य के सड़क हादसा में मौत: गाड़ी आ देवाल बीच फंसलें, वाहन चालक 50 मीटर तक घसीटलस

छपरा : रसूलपुर में एगो सड़क हादसा में पंचायत समिति सदस्य के मौत हो गइल। ई घटना अतवार के देर रात के हs। लाकर छपरा पंचायत के बीडीसी सदस्य अरबिंद सिंह उर्फ भुवर सिंह रात के खाना खइला के बाद घर के बाहर टहलत रहस। एकमा के तरफ से आ रहल तेज रफ्तार स्कॉर्पियो उनका के टक्कर मार देलस। वाहन बेकाबू होके देवाल से टकरा गइल। भुवर सिंह गाड़ी आ देवार के बीच फंस गइलें। वाहन उनका के लगभग 50 मीटर तक घसीटलस।

स्थानीय लोग घायल भुवर सिंह के नजदीकी एकमा अस्पताल में भर्ती करावल। डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs देलस। माथा आ कमर में गंभीर चोटन के कारण घटनास्थल पs उनकर मौत हो गइल रहे।

हादसा के बाद चालक मवका से फरार

स्थानीय लोगन के अनुसार, वाहन चालक शराब के नशा में रहे। हादसा के बाद चालक मवका से फरार हो गइल। भुवर सिंह एकमा आ रसूलपुर क्षेत्र के प्रभावशाली व्यक्ति रहस। उनका मौत से पूरा इलाका में शोक छा गइल बा।

रसूलपुर थाना अध्यक्ष बतवलें कि पुलिस वाहन के जब्त कs लेले बिया। परिजनन के शिकायत के बाद आरोपियन के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई। स्थानीय लोग फरार चालक के जल्द गिरफ्तारी के मांग कइलस।

तेज आवाज सुनला के बाद आसपास के लोग इकट्ठा हो गइल आ उनका केउठाके इलाज खातिर एकमा अस्पताल में भरती करावल गइल। रसूलपुर थाना अध्यक्ष बतवलें कि थाना क्षेत्र के लाकर छपरा गांव में देर रात एगो बेकाबू वाहन पंचायत विकास समिति सदस्य के टक्कर मार देलेस। बीडीसी सदस्य भुवर सिंह के मौत हो गइल बा। फिलहाल पुलिस वाहन के जब्त कs लेले बा। परिजनन के ओर से आवेदन दिहल गइला के बाद आरोपियन के खिलाफ विधि संवत कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: FasTag Rule Change: NPCI देलस सफाई, कहलस- कस्मटर पs नया नियम के ना होई असर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.