Pakistani Terrorists in Bihar : जैश के आतंकी से शक्ल मिले के शक! एगो संदिग्ध के पुलिस पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2025

मधुबनी। मधुबनी के घोघरडीहा थाना क्षेत्र में जैश के आतंकी वाला मामिला में एगो संदिग्ध के पकड़ल गइल बा। हालांकि घोघरडीहा पुलिस अभी कुछु बोलत नइखे। पुलिस के वरीय पदाधिकारी ओकरा के मधुबनी ले आके

Share

मधुबनी। मधुबनी के घोघरडीहा थाना क्षेत्र में जैश के आतंकी वाला मामिला में एगो संदिग्ध के पकड़ल गइल बा। हालांकि घोघरडीहा पुलिस अभी कुछु बोलत नइखे। पुलिस के वरीय पदाधिकारी ओकरा के मधुबनी ले आके पूछताछ करी लोग।

घोघरडीहा थानाध्यक्ष शुभम कुमार पुष्टि कइलें कि सनेह के आधार पऽ एगो व्यक्ति के पकड़ल गइल बा। बाकिर कवना कारण से संदेह बा ई जानकारी अभी तक उ नइखन देलें।

उनकर कहनाम बा कि वरीय पुलिस पदाधिकारी पूछताछ करी लोग, ओकरा बादे कवनो पुष्टि हो पाई। सूत्रन के कहनाम ना कि आतंकियन के जारी फोटो से शक्ल मिलला के संदेह में पकड़ल गइल बा। जवना जगह से संदिग्ध के पकड़ल गइल बा उ नेपाल सीमा से 35-40 किमी दूर बा।

घोघरडीहा के शत्रुपट्टी से तीन संदिग्धन के पकड़ल गइल बा। पुलिस सूत्रन के कहनाम बा कि 15 से 20 प्रतिशत शक्ल मिल रहल बा। एगो आउर संदिग्ध के पकड़ल गइल बा। शत्रुपट्टी में मुस्लिम आबादी बहुत बा।

सूत्रन के कहनाम बा कि उ कवनो रिश्तेदार के इहां ठहरल रहे। दिल्ली के पता बा आ रात में पकड़ल गइल बा। फुलपरास डीएसपी पूछताछ कइले बाड़ें। बाकिर अभी ले कवनो पुष्टि नइखे भइल।

Read Also: Bihar BSSC Recruitment 2025 : ऑफिस अटेंडेंट के 3 हजार से जादे पदन पs निकलल भरती, दसवीं पास कs सकत बा लोग अप्लाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.