Bihar BSSC Recruitment 2025 : ऑफिस अटेंडेंट के 3 हजार से जादे पदन पs निकलल भरती, दसवीं पास कs सकत बा लोग अप्लाई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2025

नई दिल्ली : बिहार कर्मचारी चयन आयोग (BSSC) के ओर से अलग-अलग विभागन आ कार्यालयन में रिक्तियन खातिर ऑफिस अटेंडेंट के पदन पs भर्ती ला आधिकारिक अधिसूचना जारी कइल गइल बा। जे उम्मीदवार बिहार में

Share

नई दिल्ली : बिहार कर्मचारी चयन आयोग (BSSC) के ओर से अलग-अलग विभागन आ कार्यालयन में रिक्तियन खातिर ऑफिस अटेंडेंट के पदन पs भर्ती ला आधिकारिक अधिसूचना जारी कइल गइल बा। जे उम्मीदवार बिहार में अलग-अलग विभागन भा कार्यालय में सरकारी नौकरी करे के सपना देख रहल बा लोग, उ तुरंत बीपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके ऑनलाइन माध्यम से आवेदन कs सकत बा लोग। एह पदन पs आवेदन प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। संगही इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार 26 सितंबर, 2025 तक आवेदन कs सकत बा लोग। बता दीं, बीपीएससी के ओर से ऑफिस अटेंडेंट के कुल 3727 पदन पs नियुक्ति कइल जाई।

पात्रता मानंदड

ऑफिस अटेंडेंट के पद पs आवेदन करे खातिर जरूरी बा कि उम्मीदवार भारत के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से कक्षा दसवीं आ एकरा समकक्ष कक्षा उत्तीर्ण कइले होखे।

उम्मीदवारन के न्यूनतम उमिर 01 अगस्त, 2025 के अनुसार 18 बरिस निर्धारित कइल गइल बा। संगही सामान्य वर्ग के उम्मीदवारन के अधिकतम उमिर 37 बरिस, ओबीसी आ सामान्य वर्ग के महिला उम्मीदवरन के अधिकतम उमिर 40 बरिस आ एससी आ एसटी उम्मीदवारन के अधिकतम उमिर 42 बरिस निर्धारित कइल गइल बा।

कइसे होई चयन

उम्मीदवारन के चयन लिखित परीक्षा के माध्यम से कइल जाई। लिखित परीक्षा में उम्मीदवारन से गणित, सामान्य ज्ञान आ सामान्य हिंदी विषय से 400 अंकन के 100 बहुविकल्पीय प्रकार के प्रश्न पूछल जाई। परीक्षा के अवधि दु घंटा निर्धारित कइल गइल बा। परीक्षा में हर सही उत्तर खातिर 4 अंक आ हर गलत उत्तर खातिर एक अंक के नकारात्मक अंकन कइल जाई।

परीक्षा शुल्क

सब उम्मीदवारन खातिर आवेदन शुल्क 100 निर्धारित कइल गइल बा।

कइसे करीं अप्लाई

  • ऑफिस अटेंडेंट के पदन पs आवेदन करे खातिर सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट onlinebssc.com पs जाके विजिट करीं।
  • एकरा बाद वेबसाइट के होमपेज पs अप्लाई लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब व्यक्तिगत जानकारी आ शैक्षणिक जानकारी के दर्ज करीं।
  • एकरा बाद जरूरी दस्तावेजन के स्कैन कॉपी के अपलोड करीं।
  • अंत में फॉर्म सबमिट करे से पहिले दर्ज कइल गइल सब जानकारी के धेयान से पढ़ लीं।
  • अंत में एकर एगो प्रिंट आउटो जरूर निकाल लीं।

Read Also: Chhapra News : आज 2 घंटा के पावर कट; दुपहर 12 से 2 बजे तक ना रही लाइट, राजेंद्र सरोवर सबस्टेशन पs होई मरम्मत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.