NPCIL में असिस्टेंट साइंटिस्ट, टेक्नीशियन समेत विभिन्न पदन पs भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2025

अगर रउरा नौकरी के तलाश में बानी तs ई खबर रउरा खातिर बहुते फायदेमंद साबित होखी.  न्यूक्लियर पावर कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड (एनपीसीआईएल) सहायक वैज्ञानिक, नर्स एंड टेक्नीशियन के पद अवुरी बाकी पद पs बहाली

Share

अगर रउरा नौकरी के तलाश में बानी तs ई खबर रउरा खातिर बहुते फायदेमंद साबित होखी.  न्यूक्लियर पावर कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड (एनपीसीआईएल) सहायक वैज्ञानिक, नर्स एंड टेक्नीशियन के पद अवुरी बाकी पद पs बहाली खातीर आवेदन आमंत्रित कईले बिया।  एह पदन खातिर आवेदन प्रक्रिया शुरू हो गइल बा.  इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार एह बहाली खातिर आधिकारिक वेबसाइट NPCILcareers.co.in पd जा के आवेदन कs सकेलें.  ध्यान रहे कि एह बहाली खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख 1 अप्रैल 2025 बा, इच्छुक उम्मीदवार के एह तारीख के भा ओकरा से पहिले आवेदन करे के चाहीं. 

कतना पद पs बहाली होई?

एह बहाली अभियान के माध्यम से संगठन में कुल 391 पद s उम्मीदवारन के बहाली कइल जाई.  एमें- 

असिस्टेंट साइंटिस्ट B- 45 पद
स्टाइपेन्ड्री ट्रेनी/ साइंटिफिक असिस्टेंट (स्ट/सा)- 82 पद
स्टाइपेन्ड्री ट्रेनी / टेक्नीशियन – 226 पद
असिस्टेंट ग्रेड 1 (एचआर)- 22 पद
असिस्टेंट ग्रेड 1- (फ&ए) 4 पद
असिस्टेंट ग्रेड 1 (सी&एमएम) – 10 पद
नर्स अ – 1 पद
टेक्नीशियन क (एक्स-रे टेक्निशियन)- 1 पद

आवेदन करे खातिर उमिर के सीमा का बा? 

एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के न्यूनतम उमिर 18 साल होखे के चाहीं, जबकि अधिकतम उमिर 30 साल होखे के चाहीं.  यानी उम्मीदवार के उम्र 18 से 30 साल के बीच होखे के चाही।  एह से जुड़ल विषय पs अधिका जानकारी खातिर उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जा सकेलें. 

कइसे करी अप्लाई


उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के माध्यम से आपन आवेदन पत्र भर सकतारे-

सबसे पहिले उम्मीदवार के आधिकारिक वेबसाइट पs जाए के होई।
एकरा बाद उम्मीदवार के होमपेज पs संबंधित लिंक पs क्लिक करे के होई।
एकरा बाद उम्मीदवारन के पहिले आपन रजिस्ट्रेशन करावे के पड़ी.
एकरा बाद उम्मीदवार आपन आवेदन पत्र भर देले।
आपन आवेदन पत्र पूरा भरला के बाद उम्मीदवार के जमा करावे के चाही।
फार्म जमा कइला के बाद उम्मीदवारन के पुष्टि पन्ना डाउनलोड करे के चाहीं.
आखिर में उम्मीदवारन के पुष्टि पन्ना के प्रिंटआउट ले लीं.

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.