Noida Protest : मजदूरन के आंदोलन जारी, कइयन जगहन पs हिंसा आ पुलिस के सख्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2026

नोएडा। नोएडा में मजदूरन के वेतन बढ़ावे के मांग पs चल रहल प्रदर्शन के आज पांचवां दिन बा। मंगर के दिन हालात पूरा तरे शांत ना रहे। पुलिस चारन आ कड़ा सुरक्षा इंतजाम कइले बाड़ी,

Share

Noida Labour Protest Violence: Police Uses Tear Gas in Sector 121

नोएडा। नोएडा में मजदूरन के वेतन बढ़ावे के मांग पs चल रहल प्रदर्शन के आज पांचवां दिन बा। मंगर के दिन हालात पूरा तरे शांत ना रहे। पुलिस चारन आ कड़ा सुरक्षा इंतजाम कइले बाड़ी, बाकिर तबो कहीं-कहीं से हंगामा आ झड़प के खबर आवत रहे। प्रशासन हर हाल में इस्थिति के काबू में रखे खातिर पूरा मुस्तैदी से लागल बा।

सेक्टर 121 में कुछ अराजक तत्व पत्थरबाजी कs के माहौल बिगाड़े के कोसिस कइल। एह घटना के बाद पुलिस तुरंते एक्शन में आ गइल आ इलाका खाली करवावे के संगे उपद्रवियन के चिह्नित कs के पकड़ सुरू कs देले बाड़ी। गलियन में पुलिस गश्त तेज हो गइल बा आ माहौल कुछ हद तक शांत करावल गइल बा।

एह बीच गढ़ी चौखंडी इलाका में प्रदर्शनकारियन के रोके खातिर पुलिस आंसू गैस के गोला छोड़ला के संगे हवाई फायरिंगो कइलस। पुलिस आयुक्त लक्ष्मी सिंह के मोताबिक, पिछिला दिन के हिंसा ममिलीा में सात गो केस दर्ज भइल बा आ 300 से जादे लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। संगही जे लोग भीड़ के भड़कवले रहे, ओह लोगन के पहचान कs के जल्दिये कार्रवाई होखे वाला बा।

नोएडा फेज-2 में प्रदर्शनकारी फेर से जुट के पत्थरबाजी कइलें, बाकिर पुलिस बल तुरंत पहुंच के हालात के काबू में ले लेलस। उहवां भारी संख्या में पुलिस तैनात बा।

सेक्टर 74 में सुरक्षाकर्मी आ सफाईकर्मी एकजुट होके सड़क पs उतर गइल लोग। ऊ लोग कह रहल बा कि 12 घंटा काम करे के बादो मिलत वेतन से घर चलावल मुश्किल हो रहल बा। कुछ देर खातिर सड़क जाम करे के कोशिश भी भइल।

सेक्टर 63 के एगो कंपनी में प्रबंधन दू दिन के छुट्टी के नोटिस लगा देले बा, जवना से कर्मचारियन में असमंजस के इस्थिति बन गइल बा। ओने, मदरसन कंपनी के बाहर भारी पुलिस बल तैनात बा।

उत्तर प्रदेश पुलिस के डीजीपी राजीव कृष्णन लोगन से शांति बनवले रखे के अपील कइले बाड़ें। प्रशासन मजदूर आ कंपनी प्रबंधन से बातचीत कs के समाधान निकाले के कोसिस करत बा। ग्रेटर नोएडा के कइयन गो इलाकन में हल्का-फुल्का प्रदर्शन भइल, बाकिर पुलिस निगरानी में इस्थिति नियंत्रण में बा।

Read Also: Vaibhav Sooryavanshi : का आयरलैंड दौरा पs जइहें वैभव सूर्यवंशी? चयनकर्ता कइल लोग शॉर्टलिस्ट,  टूट सकेला डेब्यू में सचिन के रिकॉर्ड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.