NLSIU Convocation : बेंगलुरु में NLSIU के दीक्षांत समारोह रद्द, बिना समारोह के मिली डिग्री, जानीं पूरा ममिला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

बेंगलुरु। बेंगलुरु इस्थित नेशनल लॉ स्कूल ऑफ इंडिया यूनिवर्सिटी (NLSIU) 2026 में ग्रेजुएशन करे वाला विद्यार्थियन के 34वां वार्षिक दीक्षांत समारोह रद्द कs देले बा। विश्वविद्यालय पहिले 3 अगस्त के ईमेल भेज के बतवले रहे

Share

NLSIU Bengaluru Convocation Cancelled 2026

बेंगलुरु। बेंगलुरु इस्थित नेशनल लॉ स्कूल ऑफ इंडिया यूनिवर्सिटी (NLSIU) 2026 में ग्रेजुएशन करे वाला विद्यार्थियन के 34वां वार्षिक दीक्षांत समारोह रद्द कs देले बा। विश्वविद्यालय पहिले 3 अगस्त के ईमेल भेज के बतवले रहे कि समारोह 12 सितंबर के होखे वाला बा। बाकिर अब 27 अगस्त के जारी नोटिस में विश्वविद्यालय कहलस कि कुछ अपरिहार्य परिस्थितियन के चलते समारोह ना हो पाई।

बिना समारोह के मिली डिग्री

NLSIU के मोताबिक, जरूरी शासी निकायन से मंजूरी मिलला के बाद सब स्नातक विद्यार्थियन के बिना दीक्षांत समारोह में सामिल भइले डिग्री दे दिहल जाई।

विद्यार्थियन के डिग्री आ प्रमाणपत्र लेवे खातिर दूगो विकल्प दिहल गइल बा। पहिला, ऊ लोग डाक भा कूरियर के माध्यम से आपन प्रमाणपत्र मंगवा सकेला। दूसरा, विद्यार्थी परिसर में आके खुद प्रमाणपत्र ले सकेला लो। एह खातिर विश्वविद्यालय एगो नया फॉर्म जारी करी आ पूरा प्रक्रिया के जानकारी बाद में साझा कइल जाई।

छात्र आ पूर्व छात्र कइले रहे लो विरोध

दीक्षांत समारोह रद्द होखे के फैसला ओह समय आइल बा, जब NLSIU के 700 से जादे छात्र आ पूर्व छात्र समारोह में भारतीय विधिज्ञ परिषद (BCI) के अध्यक्ष मनन कुमार मिश्रा आ भारत के मुख्य न्यायाधीश (CJI) सूर्यकांत के सामिल होखे पs आपत्ति जतवले रहे।

हालांकि, ई साफ जरूरी बा कि 27 अगस्त के विश्वविद्यालय के आधिकारिक नोटिस में छात्रन के विरोध के समारोह रद्द करे के वजह नइखे बतावल गइल बा। नोटिस में खाली ‘अपरिहार्य परिस्थितियन’ के जिकिर बा।

NALSAR विवाद से जुड़ल रहे ममिला

ई विरोध 13 अगस्त के BCI के कार्रवाई के बाद सामने आइल रहे। परिषद NALSAR विश्वविद्यालय के 2026 बैच के स्नातक विद्यार्थियन के नामांकन रोक देले रहे। हालांकि कुछे घंटा बाद ई फैसला वापस ले लिहल गइल आ BCI अध्यक्ष मनन कुमार मिश्रा छात्रन से माफी मंगलें।

उपलब्ध जानकारी के अनुसार, CJI सूर्यकांत NLSIU के छात्रन से करीब 90 मिनट तक बातचीत कइलें रहले आ ओह लोगन के चिंता आ मुद्दन के समझे के कोसिस कइले रहलें। विद्यार्थियन के कहनाम रहे कि दीक्षांत समारोह ओह लोगन के सालन के मेहनत आ संघर्ष के महत्वपूर्ण सम्मान हs, एहसे एह मवका के खास महत्व बा।

Read Also: Realme C100i : 6500mAh बैटरी आ 120Hz डिस्प्ले वाला सस्ता फोन भारत में लॉन्च

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.