Nitish Cabinet : नीतीश मंत्रिमंडल के नया फार्मूला : 16+14+3+1+1… कवना तरे बनी नया समीकरण? मांझी खोललें अंदर के राज

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 17, 2025

पटना। बिहार में नया सरकार बनावे के तइयारी जोर-शोर से चल रहल बा। आज कैबिनेट के आखिरी बैठक बा आ 20 नवंबर के नीतीश कुमार दुबारा सीएम पद के शपथ लिहें। गांधी मैदान के शपथ

Share

Bihar CM Nitish Kumar announcing free electricity scheme ahead of 2025 elections

पटना। बिहार में नया सरकार बनावे के तइयारी जोर-शोर से चल रहल बा। आज कैबिनेट के आखिरी बैठक बा आ 20 नवंबर के नीतीश कुमार दुबारा सीएम पद के शपथ लिहें। गांधी मैदान के शपथ ग्रहण समारोह खातिर सजावल-सवारल जा रहल बा।

मीडिया से बात करत केंद्रीय मंत्री जीतन राम मांझी बतवलें कि 20 तारीख के शपथ ग्रहण होई। मांझी कहलें कि एह मौका पs प्रधानमंत्री खुद उपस्थित रहिहें आ हमनियो के जाएम सs।

कवना-कवना पार्टी से बनी लो मंत्री? नया फार्मूला सामने आइल

मांझी के मोताबिक, कुल 35 से 36 मंत्री बन सकेलें। संभावित बंटवारा ई हो सकेला-

  • 16 मंत्री – भाजपा से
  • 14-15 मंत्री – जेडीयू से
  • 3 मंत्री- लोजपा (रामविलास) से
  • 1 मंत्री- हिंदुस्तान आवाम मोर्चा (सेक्यूलर) से
  • 1 मंत्री- राष्ट्रीय लोक मोर्चा से

मांझी साफ कहलें कि ई जानकारी ऊ मीडिया में देख के बता रहल बाड़ें, आधिकारिक रूप से अभी कवनो पुष्टि नइखे भइल। मांझी बिहार के जनता के धन्यवाद देत कहलें कि नीतीश कुमार के ओर से महिला आ दिव्यांगन खातिर कइल कामे के इनाम में ई जीत मिलल बा।

रोहिणी आचार्य विवाद पs मांझी के प्रतिक्रिया

आरजेडी प्रमुख लालू प्रसाद यादव के बेटी रोहिणी आचार्य के विवादित बयान पs मांझी चिंता जतवलें। ऊ कहलें-

“राजनीति अलग चीज हs, बाकिर मानवीय दृष्टिकोण से रोहिणी के दर्द सुनके दुख लागल। बहिन लोग के हमेशा विशेष सम्मान मिलेला, बाकिर तेजस्वी यादव आखिर कवना घमंड में अइसन व्यवहार कइलें, ई जांच के विषय बा। बिहार के जनता ई बात बर्दाश्त ना करी।” मांझी कहलें कि ऊ व्यक्तिगत रूप से एह घटना से बहुते दुखी बाड़ें।

Read Also: सऊदी अरब में भारतीयन के हज पर ले जा रहल बस हादसा के शिकार भइल, 42 के मौत के आशंका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.