Nitish Kumar Oath : नीतीश कुमार बनवलें इतिहास: 10वां बेर CM पद के लेलें शपथ; 25 विधायक लेलें मंत्री पद के शपथ

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2025

पटना। पटना के गांधी मैदान आज फेर एक बार इतिहास के गवाह बनल, जब नीतीश कुमार दसवां बेर बिहार के मुख्यमंत्री पद के शपथ लेलें। भारी जनसमर्थन, देस-भर से पहुंचल नेता लोग आउर कड़ा सुरक्षा

Share

Nitish Kumar takes oath as Bihar Chief Minister for the 10th time along with 25 ministers during grand ceremony in Patna

पटना। पटना के गांधी मैदान आज फेर एक बार इतिहास के गवाह बनल, जब नीतीश कुमार दसवां बेर बिहार के मुख्यमंत्री पद के शपथ लेलें। भारी जनसमर्थन, देस-भर से पहुंचल नेता लोग आउर कड़ा सुरक्षा बेवस्था के बीच ई पल बिहार राजनीति में एगो नया अध्याय जोड़ देलस।

राज्यपाल नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के शपथ दिलवलें। उनका बाद सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा उप मुख्यमंत्री पद के शपथ लेलें।एह शपथ ग्रहण के संगे NDA गठबंधन के नया सरकार आधिकारिक रूप से काम सुरू कs देलस। कुल 25 से जादे मंत्री शपथ लिहल लोग, जेमे जमुई के विधायक आ पहिला बेर मंत्री बनल श्रेयसी सिंह सामिल रहली।

शपथ लेवे वाला मंत्री लोग

  • सम्राट चौधरी
  • विजय कुमार सिन्‍हा
  • विजय चौधरी
  • विजेन्द्र यादव
  • श्रवण कुमार
  • मंगल पांडेय
  • दिलीप जायसवाल
  • अशोक चौधरी
  • लेशी सिंह
  • मदन सहनी
  • नितिन नवीन
  • रामकृपाल यादव
  • संतोष सुमन
  • सुनील कुमार
  • मो. जमां खान
  • संजय सिंह टाइगर
  • अरुण शंकर प्रसाद
  • सुरेन्द्र मेहता
  • नारायण प्रसाद
  • रमा निषाद
  • लखेन्द्र कुमार रोशन
  • श्रेयसी सिंह
  • डॉ. प्रमोद कुमार
  • संजय कुमार
  • संजय कुमार सिंह

गांधी मैदान में उमड़ल भीड़

सुबह से लोगन के भीड़ गांधी मैदान में जुटे लागल। बिहार के अलग-अलग जिला से लोग पटना पहुंचल। माहौल पूरा उत्सव जइसन हो गइल। हर ओर “जय बिहार”, “नीतीश कुमार जिंदाबाद” के नारा गुंजत रहे। समर्थक लोग गमछा लहरावत उत्साह दिखावल।

पहिला बेर प्रधानमंत्री खुद मौजूद रहलें

एह कार्यक्रम के खास बनावे वाला एगो बड़ी बात रहे-प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मवजूदगी। बिहार के इतिहास में पहिला बेर भइल कि कवनो मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण में पीएम खुद सामिल भइलें। पीएम मोदी के मवजूदगी से समारोह के गरिमा आ राजनीतिक महत्व कइयन गुना बढ़ गइल। पीएम के अलावा असम, हरियाणा, नागालैंड, मेघालय सहित 16 राज्य के मुख्यमंत्री, केंद्रीय मंत्री आ कइयन गो बड़ नेता कार्यक्रम में मवजूद रहल।

Read Also: Gorakhpur Mahotsav 2026 : ‘गोरखपुर महोत्सव’ 11 जनवरी से, पवन सिंह आ मैथिली ठाकुर के सुरन से सजी महफिल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.