Nitish Cabinet : आखिरी बैठक में का भइल? का अब नया सरकारे ली फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2026

पटना। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आपन आखिरी कैबिनेट बैठक खतम कs के बाहर निकल चुकल बाड़ें। मुख्य सचिवालय के पोर्टिको में ऊ मंत्री लोगन से कुछ देर बातचीत कइलें आ फेर अणे मार्ग खातिर रवाना हो

Share

Nitish Kumar Last Cabinet Meeting: No Major Decisions Taken

पटना। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आपन आखिरी कैबिनेट बैठक खतम कs के बाहर निकल चुकल बाड़ें। मुख्य सचिवालय के पोर्टिको में ऊ मंत्री लोगन से कुछ देर बातचीत कइलें आ फेर अणे मार्ग खातिर रवाना हो गइलें। सूत्रन के मोताबिक, एह बैठक में बस मंत्रिपरिषद भंग कइला पs औपचारिक चरचा भइल, बाकिर कवनो बड़ फैसला नइखे लिहल गइल।

20 फरवरी के बाद से कवनो कैबिनेट बैठक ना भइल रहे आ आखिरी बैठको बस औपचारिकता बन के रह गइल। आमतौर पs बैठक के बाद प्रेस कॉन्फ्रेंस होखेला, बाकिर अबकि बेर मीडिया के बुलावा देला के बादो ओकरा के रद्द कs दिहल गइल। अब जवन फैसला बाकी बा, ऊ सब नया सरकार बनला के बादे होई।

20 फरवरी के बैठक में का भइल रहे?

20 फरवरी के भइल पिछिला कैबिनेट बैठक में 35 गो प्रस्तावन पs मुहर लगावल गइल रहे। एमे सोनपुर में इंटरनेशनल एयरपोर्ट बनावे के मंजूरी खास रहे। करीब 42 एकड़ जमीन पs ग्रीनफील्ड एयरपोर्ट बनावे के योजना पास भइल रहे।

नया सरकार बनला के बाद कैबिनेट के बड़ फैसला

पहिला बैठक (25 नवंबर 2025):

नया सरकार के पहिला बैठक में रोजगार पs खास जोर दिहल गइल। बंद पड़ल चीनी मिल के दोबारा चालू करे के मंजूरी मिलल।

दूसरका बैठक (9 दिसंबर 2025):

एक करोड़ रोजगार देवे के लक्ष्य खातिर तीन गो नया विभाग बनावे के मंजूरी मिलल। कर्मचारियन के महंगाई भत्ता में 5% बढ़न्तियो कइल गइल।

तीसरका बैठक (15 दिसंबर 2025):

“सात निश्चय योजना 3.0” के मंजूरी मिलल, जवना में ‘दोगुना रोजगार- दोगुनी आमदनी’ पs फोकस रहल।

चउथका बैठक (13 जनवरी 2026):

कृषि आ पशुपालन विभाग में हजार से जादे पद सृजन के मंजूरी मिलल। मुंबई में बिहार भवन बनावे के फैसला भइल।

पांचवां बैठक (29 जनवरी 2026):

पिछड़ा वर्ग छात्रावास योजना में बदलाव करत हर महीना 2000 रुपिया सहायता देवे के मंजूरी मिलल।

अब आखिरी बैठक बिना कवनो बड़ फैसला के खतम हो गइल बा। एह से साफ बा कि अब अगिला सब बड़ा फैसला नया सरकार ली।

Read Also: Noida Protest : मजदूरन के आंदोलन जारी, कइयन जगहन पs हिंसा आ पुलिस के सख्ती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.