Neymar Retires : ब्राजील के हार के बाद नेमार कइलें अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल से संन्यास के एलान, मैदान पs फूट-फूट के रो पड़लें स्टार खिलाड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। विश्व कप 2026 में ब्राजील के छठवां बेर विश्व चैंपियन बने के सपना राउंड ऑफ 16 में टूट गइल। रोमांचक मुकाबला में नॉर्वे पांच बेर के विश्व चैंपियन ब्राजील के 2-1 से हराके

Share

Neymar Retirement

स्पोर्ट्स डेस्क। विश्व कप 2026 में ब्राजील के छठवां बेर विश्व चैंपियन बने के सपना राउंड ऑफ 16 में टूट गइल। रोमांचक मुकाबला में नॉर्वे पांच बेर के विश्व चैंपियन ब्राजील के 2-1 से हराके टूर्नामेंट से बाहर कs देलस। हार के कुछे देर बाद ब्राजील के दिग्गज फुटबॉलर नेमार अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल से संन्यास के एलान कs देलें। एह फैसला के संगे ब्राजील फुटबॉल के एगो सुनहरा दौर ओरा गइल।

मैच खतम होखतही नेमार मैदान पs भावुक हो गइलें आ फूट-फूट के रोवे लगलें। साथी खिलाड़ी राफिन्हा आ मार्क्विन्होस उनका के संभारे के कोसिस कइल लोग, बाकिर नेमार रोअते ड्रेसिंग रूम में गइलें। संन्यास के घोषणा करत ऊ कहलें, “हम आपन पूरा कोसिस कइनी। अब सब खतम हो गइल। इहवें से हम सुरुआत कइनी आ इहवें हमरा सफर के अंत हो रहल बा।”

हालांड के दू गो गोल से टूटल ब्राजील के सपना

मेटलाइफ स्टेडियम में खेलल गइल एह मुकाबला में ब्राजील सुरुआत से हमला कइलस, बाकिर नॉर्वे के मजबूत डिफेंस ओकरा के गोल करे के मवका ना देलस। 79वां मिनट में एरलिंग हालांड सानदार हेडर से पहिला गोल दगलें। कुछे मिनट बाद हालांड आपन दूसरा गोल कs के नॉर्वे के 2-0 के बढ़त दिला देलें।

इंजरी टाइम में ब्राजील के पेनाल्टी मिलल, जवना पs नेमार गोल कs के अंतर कम कइलें, बाकिर टीम के हार से ना बचा सकलें। नॉर्वे 2-1 से जीत हासिल कs के पहिला बेर विश्व कप क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल।

ब्राजील खातिर सानदार रहल नेमार के करिअर

ई गोल नेमार के एह विश्व कप के पहिला आ अंतरराष्ट्रीय करिअर के 80वां गोल रहे। ऊ ब्राजील खातिर 130 मैच में 80 गोल आ 59 असिस्ट कइलें। नेमार ब्राजील के इतिहास के सबसे जादे गोल करे वाला खिलाड़ी के रूप में अपना अंतरराष्ट्रीय करिअर के विदाई देलें।

नेमार 2013 फीफा कन्फेडरेशन कप जितावे में अहम भूमिका निभवले रहलें। एकरा अलावा 2016 रियो ओलंपिक में ब्राजील के पहिलका फुटबॉल ओलंपिक गोल्ड मेडल दिलावे में उनकर अहम जोगदान रहे।

ब्राजील के नाम जुड़ल शर्मनाक रिकॉर्ड

एह हार के संगे ब्राजील लगातार सातवां बेर विश्व कप नॉकआउट चरण में कवनो यूरोपीय टीम से हार के बाहर भइल। ई 1990 के बाद पहिलका मवका रहे जब ब्राजील एतना सुरुआती चरण में विश्व कप से बाहर हो गइल। दूसरका ओर, हालांड के सानदार प्रदर्शन से नॉर्वे इतिहास रचत पहिलका बेर विश्व कप क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल।

Read Also: Shyama Prasad Mookerjee Jayanti : ‘धारा 370 हटावल सच्चा श्रद्धांजलि’, 125वीं जयंती पs पीएम मोदी आ अमित शाह कइलें नमन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.