Nepal Tragedy : 288 भारतीय नागरिक लापता, एमे कैलाश मानसरोवर यात्री सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

नई दिल्ली। नेपाल में आइल भीषण बाढ़ आ त्रासदी के बीच 288 भारतीय नागरिकन के लापता होखे के खबर सामने आइल बा। भारत के बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल एह बात के पुष्टि कइले

Share

Nepal Flood Tragedy: 288 Indians Missing

नई दिल्ली। नेपाल में आइल भीषण बाढ़ आ त्रासदी के बीच 288 भारतीय नागरिकन के लापता होखे के खबर सामने आइल बा। भारत के बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल एह बात के पुष्टि कइले बाड़ें। लापता भारतीयन में कैलाश मानसरोवर यात्रा पs गइल तीर्थयात्रियो सामिल बा।

बिदेस मंत्रालय के माेताबिक, लापता 288 भारतीय नागरिकन में 73 लोग त्रिशूली पावर प्रोजेक्ट में काम करत रहे। ई लोग नेपाल में परियोजना से जुड़ल काम खातिर मवजूद रहे।

एकरा अलावे तमिलनाडु के 37 आ 43 लोगन के दूगो समूह लापता बतावल गइल बा। ई दुनो समूह कैलाश मानसरोवर यात्रा पs नेपाल गइल रहे।

ओहिजा, पश्चिम बंगाल के 32 लोग लापता बा। इहो लोग कैलाश मानसरोवर यात्रा पs गइल रहे। एकरा अलावे देस के अलग-अलग राज्यन के 61 भारतीय नागरिक नेपाल में लापता बतावल गइल बा लाे।

बिदेस मंत्रालय भारतीय नागरिकन के सुरक्षित निकाले खातिर नेपाल के प्रशासन आ संबंधित एजेंसियन के संगे लगातार संपर्क में बिया। त्रासदी प्रभावित इलाकन में राहत आ बचाव अभियान जारी बा। सरकार लापता भारतीयन के जानकारी जुटावे आ ओह लाेगन के सुरक्षित वापसी खातिर हरसंभव प्रयास कs रहल बिया।

नेपाल में अचानक आइल बाढ़ आ मलबा के तेज बहाव से कइयन गो इलाका प्रभावित भइल बा। एह प्राकृतिक आपदा के चलते सड़क, पुल आ दोसर बुनियादी सुविधन के भारी नुकसान पहुंचल बा। भारतीय नागरिकन के लापता होखे के खबर से ओह लोगन के परिवार में चिंता के माहौल बा।

Read Also: GV Narayana Rao Death : 100 से जादे फिलिमन में काम करे वाला जीवी नारायण राव के निधन, चिरंजीवी आ रजनीकांत से रहे खास दोस्ती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.