GV Narayana Rao Death : 100 से जादे फिलिमन में काम करे वाला जीवी नारायण राव के निधन, चिरंजीवी आ रजनीकांत से रहे खास दोस्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

एंटरटेनमेंट डेस्क। तेलुगु सिनेमा के मशहूर अभिनेता आ निर्माता जीवी नारायण राव के 73 साल के उमिर में निधन हो गइल। बुध के सांझ ऊ आखिरी सांस लेलें। उनका निधन के खबर से पूरा तेलुगु

Share

GV Narayana Rao Passes Away at 73

एंटरटेनमेंट डेस्क। तेलुगु सिनेमा के मशहूर अभिनेता आ निर्माता जीवी नारायण राव के 73 साल के उमिर में निधन हो गइल। बुध के सांझ ऊ आखिरी सांस लेलें। उनका निधन के खबर से पूरा तेलुगु फिलिम इंडस्ट्री शोक में डूब गइल बा। कइयनग गो कलाकार आ फिल्मी हस्तियन सोशल मीडिया पs श्रद्धांजलि देत उनका के इयाद कइल।

जीवी नारायण राव पिछिला कुछ समय से स्वास्थ्य संबंधी परेसानी से जूझत रहलें। मूवी आर्टिस्ट्स एसोसिएशन उनका निधन पs दुख जतावत एकरा के तेलुगु सिनेमा खातिर बड़ नुकसान बतवले बा।

पांच दशक के सानदार रहल अभिनय करिअर

जीवी नारायण राव के जनम कृष्णा जिला के कुरुमद्दली गांव में भइल रहे। ऊ मद्रास फिल्म इंस्टीट्यूट से अभिनय के ट्रेनिंग लेले रहलें। साल 1976 में के बालाचंदर के फिलिम ‘अंथुलेनी कथा’ से फिलिमी करिअर सुरू कइलें।

पहिले फिलिम में सानदार अभिनय खातिर उनका के सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता के नंदी पुरस्कार मिलल रहे। एकरा बाद ऊ ‘मुत्याला पल्लाकी’, ‘ओका ऊरी कथा’, ‘चिलकम्मा चेप्पिंदी’ आ ‘ऊरुकिच्चिना माटा’ जइसन फिलिमन में काम कइलें।

बाद में ऊ चरित्र अभिनेता के भूमिका में नजर आवे लगलें। करीब पांच दशक के करिअर में जीवी नारायण राव 100 से जादे फिलिमन में अभिनय कइलें।

चिरंजीवी आ रजनीकांत से रहे खास दोस्ती

जीवी नारायण राव के सुपरस्टार रजनीकांत से फिल्म इंस्टीट्यूट के समय से गहिराह दोस्ती रहे। दुनो लोग एके बैच में पढ़ल आ संगही अभिनय के बारीकी सीखल।

तेलुगु सिनेमा के मेगास्टार चिरंजीवियो से उनकर बहुते खास रिश्ता रहे। दुनो ‘चट्टानिकी कल्लू लेवू’, ‘मंचू पल्लाकी’, ‘राजा विक्रमार्क’, ‘गैंग लीडर’ आ ‘हिटलर’ जइसन फिलिमन में साथे काम कइल।

निर्माता के रूप में बनवलें पहचान

अभिनय के अलावा जीवी नारायण राव निर्माता के रूप में आपन पहचान बनवलें। ऊ चिरंजीवी के ‘देवान्तकुडु’ आ ‘यमुडिकी मोगुडु’ जइसन सफल फिलिम के निर्माण कइलें।

बाद में ‘यमुडिकी मोगुडु’ के तमिल रीमेक बनल, जवना में उनकर दोस्त रजनीकांत मुख्य भूमिका में रहलें। जीवी नारायण राव टीवी इंडस्ट्री से जुड़ल रहलें आ ‘पसुपु कुमकुमा’ आ ‘सुंदरकांडा’ जइसन धारावाहिकन में काम कइलें।

जीवी नारायण राव के निधन से तेलुगु सिनेमा जगत एगो प्रतिभाशाली अभिनेता, निर्माता आ करीबी साथी के खो देले बा।

Read Also: Kanpur Training Aircraft Crash : कानपुर में ट्रेनी एयरक्राफ्ट क्रैश, गंगा बैराज के लगे भइल हादसा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.