नई दिल्ली। नेपाल आ तिब्बत सीमा के आसपास बुध के आइल विनाशकारी फ्लैश फ्लड से भारी तबाही मचल बा। एह प्राकृतिक आपदा में अब तक कम से कम 162 लोगन के मौत होखे के खबर बा। करीब 750 लोग लापता बतावल जा रहल बा, जवना में 133 भारतीय आ 37 अनिवासी भारतीय (NRI) सामिल बा लो। लापता भारतीयन में कइयन लोग कैलाश मानसरोवर यात्रा पs गइल रहे।
पीएम मोदी नेपाल के पीएम से कइलें बात
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी नेपाल के प्रधानमंत्री बालेंद्र शाह से बातचीत कs के हादसा पs दुख जतवले बाड़ें। भारत नेपाल के हर संभव मानवीय मदद देवे खातिर तइयार बा। राहत सामग्री पहुंचावे खातिर भारतीय वायुसेना के विमान के इस्तेमाल कइल जा रहल बा आ एनडीआरएफ टीम के तैनाती के तइयारी बा।
भारतीयन के मदद खातिर दूतावास आ राज्य सरकारन के ओर से हेल्पलाइन सक्रिय कइल गइल बा। उत्तर प्रदेश में 1070 हेल्पलाइन चालू कइल गइल बा।
भूकंप के बाद अचानक आइल बाढ़
नेपाल के बिदेस मंत्री शिशिर खनाल के मोताबिक, स्थानीय समय के अनुसार सबेरे 8:37 बजे तिब्बत इलाका में भूकंप आइल रहे। करीब तीन मिनट बाद अचानक बाढ़ आ गइल। वैज्ञानिकन के आशंका बा कि भूकंप के झटका से हिमनद टूटला के कारण बाढ़ के इस्थिति बनल होई।
जर्मन रिसर्च सेंटर के मोताबिक, बाढ़ से करीब सात मिनट पहिले 4.4 तीव्रता के भूकंप दर्ज कइल गइल रहे। सुरुआती सैटेलाइट तस्वीरन से पता चलल कि लेंडे नदी में बर्फ आ चट्टान खिसकला से मलबा वाला बाढ़ आइल।
भोटेकोशी आ त्रिशूली नदी में भारी तबाही
अचानक आइल बाढ़ से नेपाल के रसुवा आ धादिंग जिला सबसे जादे प्रभावित भइल। बाढ़ के पानी आ मलबा त्रिशूली नदी तक पहुंच गइल। एकरा बाद नुवाकोट, चितवन, गोरखा, तनहुं आ नवलपरासी तक कइयन गो इलाका प्रभावित भइल।
नेपाली सेना, सशस्त्र पुलिस बल आ नेपाल पुलिस के जवान राहत आ बचाव काम में लगावल गइल बा लो। सेना 12 हेलीकॉप्टर के तैनाती कइले बिया। अलग-अलग जगह से 100 से जादे लोगन के सुरक्षित निकालल गइल बा।
133 भारतीय सहित सइयन लोग लापता
नेपाल के गृह मंत्रालय के मोताबिक, करीब 750 लापता लोगन में लगभग 133 भारतीय आ 37 NRI सामिल बा लो। लापता भारतीयन में बड़ संख्या कैलाश मानसरोवर तीर्थयात्रियन के बतावल जा रहल बा।
कइयन देसन के पर्यटक लापता बा लो। अमेरिका, ब्रिटेन, मलेशिया, दक्षिण अफ्रीका, ऑस्ट्रेलिया आ नीदरलैंड सहित कइयन देसन के नागरिक प्रभावित इलाका में मवजूद रहे लो।
जलविद्युत परियोजना आ सड़क-पुल बहल
बाढ़ से रसुवा आ नुवाकोट जिला में कइयन गो जलविद्युत परियोजना प्रभावित भइल बा। करीब 354 मेगावाट क्षमता वाला आठ चालू परियोजना आ पांच निर्माणाधीन परियोजना के नुकसान पहुंचला के जानकारी बा।
नेपाल सरकार के अनुसार बाढ़ में 19 गो पुल बह गइल बा। भोटेकोशी नदी के तेज बहाव से करीब 42 किलोमीटर लमहर सड़क मार्ग कइयन जगह से क्षतिग्रस्त हो गइल।
खतरा अभी टलल नइखे
नेपाल के बाढ़ पूर्वानुमान विभाग के कहनाम बा कि नदी के अवरुद्ध हिस्सा में बनल झील के पानी अभी पूरा तरह से नइखे निकलल। एहसे भोटेकोशी आ त्रिशूली नदी के आसपास खतरा अभियो बनल बा।
प्रशासन लोगन से नदी किनारे ना जाये आ सुरक्षित जगह पs रहे के अपील कइले बा। लगातार बरखा के कारण पानी के स्तर दोबारा बढ़े के आशंका जतावल गइल बा।
Read Also: 27 अगस्त 2026 के राशिफल









