Gorakhpur University : गोरखपुर विश्वविद्यालय में राष्ट्रीय युवा सप्ताह के उपलक्ष्य में निबंध आ पोस्टर प्रतियोगिता के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2026

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर में राष्ट्रीय युवा सप्ताह (12 जनवरी से 17 जनवरी 2026) के अवसर पs राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के बैनर तले सोमार के निबंध आ पोस्टर प्रतियोगिता के आयोजन

Share

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, गोरखपुर में राष्ट्रीय युवा सप्ताह (12 जनवरी से 17 जनवरी 2026) के अवसर पs राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) के बैनर तले सोमार के निबंध आ पोस्टर प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम के मकसद नवहन में राष्ट्र निर्माण के भावना, सामाजिक चेतना आ रचनात्मक सोच के बढ़ावा देहल रहे। प्रतियोगिता में बड़ संख्या में छात्र-छात्रा आ स्वयंसेवक बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल लोग आ पूरा माहौल उत्साह से भर गइल।

कार्यक्रम के सुभारंभ मुख्य अतिथि कुलपति प्रो. पूनम टंडन द्वारा दीप प्रज्वलन से भइल। एह मवका पs ऊ एनएसएस स्वयंसेवकन के आसिरबाद देली आ नवहन के स्वामी विवेकानंद के आदर्श अपनावे के संदेश देली। ऊ कहली कि राष्ट्रीय युवा सप्ताह नवहन के आत्मचिंतन आ राष्ट्र के प्रति जिम्मेदारी समझे के अवसर देला। जदि जुवा अपना विचार, रचनात्मकता आ सेवा भाव से आगे बढ़े, तs देस आ समाज के विकास के राह मजबूत हो सकेला।

कार्यक्रम समन्वयक डॉ. सत्यपाल सिंह प्रतियोगिता के प्रस्तावना रखलें आ विषय के जानकारी देत अतिथियन के स्वागत कइलें। ऊ बतवलें कि निबंध आ पोस्टर जइसन रचनात्मक प्रतियोगिता से नवहन के सोच के सही दिशा मिलेला आ सामाजिक दायित्व के भावना मजबूत होला।

एह दौरान डॉ. आमोद राय पुष्पगुच्छ भेंट कs के कुलपति प्रो. पूनम टंडन के स्वागत कइलें। कार्यक्रम के सुचारु संचालन डॉ. श्री प्रकाश सिंह कइलें, जिनका वजह से पूरा आयोजन अनुशासित आ रोचक बनल। अंत में डॉ. नुपुर सिंह सब अतिथि, प्रतिभागी आ आयोजकन के धन्यवाद ज्ञापन कइली।

प्रतियोगिता में प्रतिभागी लोग राष्ट्रीय चेतना, युवा शक्ति, सामाजिक सरोकार आ राष्ट्र निर्माण जइसन विषयन पs प्रभावशाली ढंग से आपन विचार रखल। एह आयोजन से नवहन में आत्मविश्वास, रचनात्मकता आ सामाजिक प्रतिबद्धता के भावना आउर मजबूत भइल।

Read Also: Makar Sankranti Holiday : यूपी के स्कूल आ ऑफिस में अब मकर संक्रांति के एह दिन रही छुट्टी; सार्वजनिक अवकाश घोषित… आदेस 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.