मुजफ्फरनगर। उत्तर प्रदेश के मुजफ्फरनगर जिला अस्पताल से एगो चउकावे वाला घटना सामने आइल बा। स्वामी कल्याण देव जिला चिकित्सालय के आईसीयू में भरती एगो मरीज के कथित रूप से पीट-पीट के हत्या कs दिहल गइल। घटना के बाद अस्पताल में अफरा-तफरी मच गइल आ परिजन अस्पताल प्रशासन के सुरक्षा बेवस्था पs गंभीर सवाल उठवाल लोग। पुलिस ममिला दर्ज कs के आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया।
आईसीयू में कहासुनी के बाद मारपीट के आरोप
जानकारी के मोताबिक, नई मंडी थाना क्षेत्र के बिलासपुर गांव निवासी 45 साल के रमेश पाल लिवर के बेमारी से पीड़ित रहलें आ तीन दिन से जिला अस्पताल के आईसीयू में भरती रहलें। सोमार के भोर में करीब तीन बजे उनका बगल वाला बेड पs भरती एगो महिला मरीज आ ओकर तीमारदार लोगन से कहासुनी हो गइल।
आरोप बा कि महिला मरीज के बेटा संजय, जवन गोशाला रोड के निवासी बा, रमेश पाल पs छेड़छाड़ के आरोप लगावत बाहर से कुछ लोगन के बुला लेलस। एह लोगन पs रमेश पाल के बेरहमी से पीटे के आरोप लागल बा।
मारपीट के बाद इलाज के दौरान हो गइल मौत
मारपीट के चलते रमेश पाल के नाक से लगातार खून बहे लागल। अस्पताल के स्टाफ तुरंत उनका के इमरजेंसी वार्ड में ले गइल, जहां इलाज के दौरान सबेरे करीब साढ़े आठ बजे उनकर मौत हो गइल। घटना के बाद अस्पताल परिसर में परिजन आ ग्रामीण लोग हंगामा सुरू कs दिहल।
सोमवार के छुट्टी मिले वाला रहे
मृतक के बेटा सागर पाल बतवलें कि उनका पिता के तबीयत में सुधार होत रहे आ डॉक्टर सोमार के छुट्टी देवे वाला रहलें। ऊ बतवलें कि चक्कर अइला पs उनकर पिता कुछ देर खातिर दोसर बेड पs बइठ गइल रहलें, एह बीच तीमारदार लोग उनका संगे मारपीट सुरू कs दिहल।
सागर के आरोप बा कि उनकर पिता बार-बार अपना बेमारी के बारे में बतावत रहलें, बाकिर आरोपियन के कवनो दया ना आइल। मारपीट के बाद हालत बिगड़ गइल आ आखिरकार इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल।
आरोपी गिरफ्तार
घटना के सूचना मिलते पुलिस अस्पताल पहुंचल आ सीसीटीवी फुटेज के जांच सुरू कइलस। मृतक के बेटा के तहरीर पs आरोपी संजय के खिलाफ हत्या सहित गंभीर धारा में केस दर्ज कइल गइल। पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कs के कोर्ट में पेश कइलस, जहां से ओकरा के जेल भेज दिहल गइल।
पुलिस अधिकारी बतवलें कि बाकी पहलुअन के जांच जारी बा। दोसर ओर जिला अस्पताल के सीएमएस कहलें कि आईसीयू में मरीज आ तीमारदार के बीच विवाद भइल रहे, बाकिर अस्पताल प्रशासन के अब तक आधिकारिक शिकायत नइखे मिलल। घटना के बाद अस्पताल के सुरक्षा बेवस्था पs एक बेर फेर सवाल उठे लागल बा।








