Datia Bypoll : मंच पs भावुक भइलें नरोत्तम मिश्रा, भाजपा प्रत्याशी आशुतोष तिवारी खातिर भाषण देत निकलल आंसू

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 13, 2026

दतिया। मध्य प्रदेश के दतिया उपचुनाव में भाजपा प्रत्याशी आशुतोष तिवारी के नामांकन के मवका पs आयोजित सभा में एगो भावुक नजारा देखे के मिलल। मंच पs भाषण देत-देत पूर्व गृहमंत्री नरोत्तम मिश्रा भावुक हो

Share

Datia Bypoll: Narottam Mishra Gets Emotional at Ashutosh Tiwari's Nomination

दतिया। मध्य प्रदेश के दतिया उपचुनाव में भाजपा प्रत्याशी आशुतोष तिवारी के नामांकन के मवका पs आयोजित सभा में एगो भावुक नजारा देखे के मिलल। मंच पs भाषण देत-देत पूर्व गृहमंत्री नरोत्तम मिश्रा भावुक हो गइलें आ उनकर आंख से आंसू निकल पड़ल। मंच पs मवजूद मुख्यमंत्री डॉ. मोहन यादव आ भाजपा प्रदेश अध्यक्ष हेमंत खंडेलवाल उनका के ढांढस बंधावल लाेग।

सोमार के आशुतोष तिवारी आपन नामांकन दाखिल कइलें। एह दौरान मुख्यमंत्री मोहन यादव, प्रदेश अध्यक्ष हेमंत खंडेलवाल आ नरोत्तम मिश्रा सहित भाजपा के कइयन गो वरिष्ठ नेता मवजूद रहलें। नामांकन के बाद दतिया के किला चौक पs विशाल जनसभा आयोजित भइल।

भाषण देत-देत भावुक भइलें नरोत्तम मिश्रा

सभा के संबोधित करत नरोत्तम मिश्रा कहलें कि कांग्रेस भाजपा में फूट के बात करत बिया, बाकिर पार्टी पूरा तरे कजुट बिया। ऊ कहलें कि भाजपा कार्यकर्ता राष्ट्र सेवा के भावना से काम करत बा। नरोत्तम मिश्रा जब ई कहलें कि “हम दतिया के हर घर पs माथा नवाएम आ भाजपा प्रत्याशी के जिताएम”, तs ओह दौरान उनकर गला भर गइल आ ऊ भावुक हो गइलें।

सीएम मोहन यादव जतवलें जीत के भरोसा

सभा के बाद मुख्यमंत्री मोहन यादव मीडिया से कहलें कि प्रदेश नेतृत्व के अगुवाई में भाजपा पूरा मजबूती से चुनाव लड़त बिया आ दतिया उपचुनाव में पार्टी भारी मत से जीत दर्ज करी।

30 जुलाई के होई मतदान

भाजपा दतिया उपचुनाव खातिर आशुतोष तिवारी के उम्मीदवार बनवले बिया। टिकट ना मिलला के बाद नरोत्तम मिश्रा के समर्थक विरोध प्रदर्शन कइले रहे लोग, बाकिर पार्टी नेतृत्व के हस्तक्षेप के बाद ममिला शांत हो गइल। खुद नरोत्तम मिश्रा कार्यकर्ता लोगन से शांति बनवले रखे के अपील कइले रहलें।

गौरतलब बा कि दतिया विधानसभा उपचुनाव खातिर 30 जुलाई के वोटिंग होई, जबकि 3 अगस्त के मतगणना कइल जाई। अब भाजपा पूरा ताकत से चुनाव प्रचार में जुट गइल बिया।

Read Also: Bankipur Bypoll : नामांकन के बाद तेज प्रताप यादव के प्रत्याशी वीणा मानवी गिरफ्तार, पटना DM कार्यालय में हंगामा

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.