Mumbai Crane Accident : मुंबई में कुर्ला-ट्रॉम्बे रूट पs क्रेन हादसा, 8 लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2026

मुंबई। मुंबई के कुर्ला में सुक के रात निर्माण काम के दौरान एगो बड़ हादसा हो गइल। कुर्ला-ट्रॉम्बे रूट के कुरैशी नगर इलाका में एगो क्रेन अनियंत्रित होके रेलवे के ओवरहेड इक्विपमेंट (OHE) पs जा

Share

Mumbai Kurla Trombay Crane Accident

मुंबई। मुंबई के कुर्ला में सुक के रात निर्माण काम के दौरान एगो बड़ हादसा हो गइल। कुर्ला-ट्रॉम्बे रूट के कुरैशी नगर इलाका में एगो क्रेन अनियंत्रित होके रेलवे के ओवरहेड इक्विपमेंट (OHE) पs जा गिरल। एह हादसा में कुल 8 लोग घायल हो गइल। सब घायलन के अस्पताल में भरती करावल गइल, जहां डॉक्टर लोगन के मोताबिक सभे के हालत इस्थिर बा।

रात 2:30 बजे भइल मुंबई क्रेन हादसा

मिलल जानकारी के मोताबिक, ई घटना सुक के रात करीब 2:30 बजे कुर्ला आ ट्रॉम्बे के बीच कुरैशी नगर इलाका में भइल। निर्माण काम के दौरान क्रेन के मदद से जेसीबी मशीन एक जगह से दूसरा जगह शिफ्ट कइल जात रहे।

एही दौरान जेसीबी मशीन के उठावत घरी क्रेन अनियंत्रित हो गइल आ पलट गइल। क्रेन पास से गुजरत रेलवे ट्रैक आ ओवरहेड इलेक्ट्रिक लाइन पs जा गिरल। हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

8 लोग घायल

क्रेन गिरला के चलते कुल आठ लोग घायल भइल। छव घायलन के इलाज खातिर सायन अस्पताल में भरती करावल गइल, जबकि दू लोगन के कुर्ला भाभा अस्पताल ले जाइल गइल। अस्पताल से मिलल जानकारी के मोताबिक, सब घायलन के हालत इस्थिर बा। कवनो घायल के गंभीर चोट लागे के सूचना नइखे।

कुर्ला-ट्रॉम्बे रूट पs मालगाड़ियन के आवाजाही प्रभावित

अधिकारियन के मोताबिक, क्रेन गिरला से कुर्ला-ट्रॉम्बे रूट पs रेलवे के ओवरहेड इक्विपमेंट प्रभावित भइल। एकरा से मालगाड़ियन के आवाजाही पs असर पड़ल।

हालांकि, रेलवे के मुख्य यात्री ट्रेन सेवा पs कवनो बड़ असर ना पड़ल। अधिकारियन के कहनाम बा कि ई लाइन मुख्य रूप से मालगाड़ियन के आवाजाही खातिर इस्तेमाल होला।

MMRDA के निर्माण काम के दौरान भइल हादसा

रेलवे अधिकारियन के मोताबिक, हादसा मुंबई मेट्रोपॉलिटन रीजन डेवलपमेंट अथॉरिटी (MMRDA) के निर्माण काम के दौरान भइल। क्रेन के मदद से जेसीबी मशीन के शिफ्ट कइल जात रहे, ओही दौरान क्रेन पलट गइल।

घटना के बाद स्थानीय लोग तुरंत मवका पs पहुंचल आ आसपास के इलाका के खाली करावल गइल। अधिकारी लोग हादसा के कारण के जांच में जुटल बा।

Read Also: 21 अगस्त 2026 के राशिफलhttps://khabarbhojpuri.com/21st-august-2026-rashifal/

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.